[the_ad_group id="30365"]

यात्रीगण ध्यान देईं: मकर संक्रांति मेला खातिर चली दू स्पेशल ट्रेन, इहां देखीं पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे प्रशासन मकर संक्रांति मेला में श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर 13 से 16 जनवरी ले चले वाली अनारक्षित मेला स्पेशल के समय सारिणी घोषित कs दिहले बा। गोरखपुर-बढ़नी अनारक्षित मेला स्पेशल गाड़ी 13 से 16 जनवरी ले गोरखपुर से साँझ 7:10 बजे प्रस्थान कs के रात 11:15 बजे बढ़नी पहुंची।

वापसी यात्रा में ई ट्रेन 14 से 17 जनवरी ले बढ़नी से बिहाने 05:15 बजे प्रस्थान कs के गोरखपुर 09:45 बजे पहुंची। ट्रेन रूट पर पड़े वाले सब स्टेशनों पर रूकी।

गोरखपुर-नौतनवा अनारक्षित मेला स्पेशल गाड़ी 14 से 17 जनवरी ले गोरखपुर से दूपहर 02.30 बजे प्रस्थान कर साँझ 5.15 बजे नौतनवां पहुंची। नौतनवां-गोरखपुर अनारक्षित मेला स्पेशल 13 से 16 जनवरी ले नौतनवां से रात 8:00 बजे प्रस्थान कs के गोरखपुर 10:55 बजे पहुंची।

माघ मेला में गोरखपुर अउर भटनी से चली दू मेला स्पेशल

माघ मेला में श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर गोरखपुर-प्रयागराज रामबाग-गोरखपुर अउर भटनी-प्रयागराज रामबाग-भटनी के बीच एक-एक जोड़ी अनारक्षित मेला स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। गोरखपुर-प्रयागराज रामबाग अनारक्षित मेला स्पेशल 20 जनवरी के गोरखपुर से साँझ 4:00 बजे प्रस्थान कs के प्रयागराज रामबाग देर रात 02:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में ई ट्रेन 21 जनवरी के प्रयागराज रामबाग से रात 8:00 बजे प्रस्थान कs के दूसरे दिन गोरखपुर सुबह 05:10 बजे पहुंची। भटनी-प्रयागराज रामबाग अनारक्षित मेला स्पेशल 20 जनवरी के भटनी से रात 8:45 बजे प्रस्थान कs के देर रात प्रयागराज रामबाग 03:25 बजे पहुंची। वापसी यात्रा में ई ट्रेन 21 जनवरी के प्रयागराज रामबाग से 09:20 बजे प्रस्थान कs के भटनी अपराह्न 3:30 बजे पहुंची।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]