[the_ad_group id="30365"]

Plane Crash: अफगानिस्तान में यात्री प्लेन भइल क्रैश, रास्ता भटक गइल रहे मॉस्को जा रहल विमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अफगानिस्तान में एगो बड़हन हवाई दुर्घटना हो गइल बा। अफगान मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, एगो दुखद घटना में विमान अपना मूल रास्ता से हट के बदख्शां के जेबक जिला के एगो पहाड़ी इलाका में 20 जनवरी शनिचर के रात में दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। अबे ले भारत सरकार अवुरी अफगानिस्तान सरकार के ओर से एs विमान के पहचान के लेके कवनो आधिकारिक बयान नईखे जारी भईल।

विमान भारत ना हs

भारतीय नागरिक उड्डयन मंत्रालय ट्विटर पs पोस्ट करत कहलस कि, ‘अफगानिस्तान में अबे जवन दुर्भाग्यपूर्ण विमान दुर्घटना भईल बा, उ ना तs भारतीय विमान हs, ना गैर-अनुसूचित (एनएसओपी)/चार्टर विमान।’ ई मोरक्कन पंजीकृत छोट विमान हs। अउरी जानकारी के इंतजार बा। एकरा से पहिले अफगान मीडिया में दावा कईल जात रहे कि इs विमान भारतीय हs।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]