[the_ad_group id="30365"]

Pashupati Paras Resign: ‘हमरा पार्टी के साथे नइखे भइल न्याय…’, नाराज पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से दिहले इस्तीफा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले बाड़न। अब उऽ महागठबंधन में शामिल हो सकत बाड़े। सोमार के राजग के ओर से बिहार के कुल 40 लोकसभा सीटन के बंटवारा के घोषणा के बाद पारस अपना सरकारी आवास पऽ पार्टी के नेता लो के साथे बइठक कइले। एमें राजग से नाता तोड़ के महागठबंधन में शामिल होखे के फैसला लिहल गइल। हालांकि आधिकारिक तौर पऽ एकर पुष्टि नइखे भइल।

पशुपति पारस केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे देले बाड़े। एनडीए में सीट बंटवारे के बाद से उऽ नाराज चल रहल बाड़े। अब मानल जा रहल बा कि उऽ महागठबंधन में शामिल हो सकत बाड़े।

इस्तीफा के बाद मीडिया से बातचीत के क्रम में पशुपति पारस कहले कि सोमार के एनडीए में सीटन के बंटवारा हो गइल। हम पांच-छह दिन पहिलहीं कहले रहीं कि हम तबले इंतजार करब जबले एनडीए के सीटन के घोषणा आधिकारिक तौर पऽ ना हो जाई।

पशुपति आगे कहले कि उऽ ईमानदारी से एनडीए के सेवा कइले, आजो उऽ पीएम मोदी के शुक्रगुजार बाड़े, बाकिर हमार पार्टी आ व्यक्तिगत रूप से हमरा साथे ना इंसाफी भइल। उऽ कहले कि एहिसे उऽ केंद्रीय मंत्री के पद से इस्तीफा दे देले।

गौर करे वाला बात बा कि चिराग पासवान के पार्टी लोजपा रामविलास के एनडीए में पांच गो सीट मिलल बा। ओहिजा, पशुपति के पार्टी के एको सीट नइखे मिलल। एही वजह से पशुपति पारस नाराज चल रहल बाड़े। एकरा बाद से उऽ अब ई कदम उठवले हऽ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]