[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली एयरपोर्ट के बाहर मिलल विमान इंजन के टूटल ब्लेड! 

दिल्ली एयरपोर्ट :फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बुध के दिल्ली हवाई अड्डा के बहरी विमान के इंजन के एगो हिस्सा मिलल। एकरा के ध्यान में राखत विमानन नियामक डीजीसीए एह मामिला के जाँच के आदेश दिहले बा. हालांकि कि धातु के हिस्सा एयर इंडिया एक्सप्रेस के विमान के हो सकेला, जे सोमार के एयरपोर्ट पs आपातकालीन लैंडिंग कइले रहे, बाकीर एयरलाइन कहलस कि फिलहाल एकर पुष्टि नइखे कs सकत कि धातु के इs टुकड़ा ओकरी विमान के बा की ना। पीटीआई के खबर के मुताबिक, जानकारी वाला सूत्र बतवले कि नागरिक उड्डयन महानिदेशालय घटना के जांच के आदेश देले बा।

एयर इंडिया एक्सप्रेस के कहनाम

खबर के मुताबिक एक सूत्र के कहनाम बा कि इs पार्ट शायद विमान के इंजन के टूटल ब्लेड से निकलल बा। एयर इंडिया एक्सप्रेस के प्रवक्ता से संपर्क कईला पs बतवले कि उनुका फ्लाइट IX 145 के 2 सितंबर के दिल्ली से उड़ान भरला के बाद इंजन में परेशानी भईल रहे। ई फ्लाइट बहरीन जात रहे। प्रवक्ता एगो बयान में बतवले कि निर्धारित प्रक्रिया के मुताबिक दोष के सुधारल गईल अवुरी एहतियात के तौर पs दिल्ली में लैंडिंग कईल गईल।

प्रवक्ता बतवले कि मामिला के सूचना नियामक अवुरी बाकी संबंधित एजेंसी के दिहल गईल बा अवुरी फिलहाल एकर जांच चलता। प्रवक्ता कहले कि शंकर विहार में धातु के टुकड़ा मिले के रिपोर्ट के बारे में हमनी के पता चलल बा। फिलहाल हमनी के पुष्टि नईखी कs सकत कि इs धातु के टुकड़ा हमनी के विमान के हs कि ना। तथ्य के पता लगावे खातिर जांच जारी बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]