[the_ad_group id="30365"]

परिवार के पांच लोग के शव मिलले से सनसनी: महिला अउर तीन बचवन के धारदार हथियार से काट के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में एक्के परिवार के पांच लोग के शव मिलले से सनसनी फैल गइल। महिला अउर तीन बचवन के बेरहमी से धारदार हथियार से गला काट देहल गइल बा, जबकि पति के शव फंदा पर लटकल मिलल बा। मौका पर पहुंचल पुलिस शव के कब्जा में ले के जांच शुरू कs देहल बा।

जानकारी के अनुसार, प्रयागराज के नवाबगंज थाना इलाका के भागलपुर गांव में शुक्रवार देर रात एक्के परिवार के पांच लोग के शव मिलले से हड़कंप मच गइल। पत्नी समेत तीन बचवन के धारदार हथियार से काट के हत्या क देहल गइल बा। जबकि शख्स फंदा से लटकल मिलल बा।

मृतक में राहुल तिवारी, ओनकर पत्नी प्रीति तिवारी अउर तीन मासूम लइके शामिल बाने। बचवन के नाम माही (12) पीहू (7) अउर बेटा पोहू (5) बाने। जांच पड़ताल में पुलिस के मौका से एगो चौपड़ बरामद भइल बा।
घटना के जानकारी बिहान होखले पर सनसनी फैल गइल। सूचना मिलतही पुलिस समेत फॉरेंसिक एक्सपर्ट अउर डाग स्क्वायड मौका पर पहुंच गइल बा। पुलिस के मुताबिक, राहुल तिवारी भागलपुर गांव में परिवार के साथ रहत रहने। ऊ मूल रूप से कौशांबी के रहे वाला रहने।

किराया के मकान में रहत रहल परिवार

बतावल जा रहल बा कि राहुल तिवारी नवंबर 2021 से किराया के मकान में रह के पशु खरीदकर बेचले के काम करत रहल। देर रात राहुल तिवारी के परिवार खाना खा के सूत गइने। मृतक के परिवार जौने कमरा में रहत रहने, ओकर चैनल खुलल रहल।

राहुल के बहिन लगवली हत्या के आरोप

सुबह जब घर से केहू नाइ निकलल त लग्गे रहे वाले एगो आदमी अंदर जा के देखली त ऊ दंग रह गइल। राहुल आंगन के पाटन में लटकल मिलल। जबकि पत्नी अउर बचवन के लहूलुहान शव कमरा में बिस्तर पर पड़ल रहल। मृतक के बहन ज्योति अउर नीतू हत्या के आरोप लगवले बाड़ी।
एसएसपी अजय कुमार के कहनाम बा कि राहुल के शव पर कौनो तरह के चोट के निशान नाइ मिलल बा। पोस्टमार्टम के बादे ई स्पष्ट हो पाई कि ओनकर मौत कइसे भइल। एगो आशंका इहो रहल कि पहिले राहुल के हत्या कs के शव फंदा पर लटका देहल गइल अउर फेर ओनकर पत्नी अउर तीन बचवन के मौत के घाट उतार देहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]