[the_ad_group id="30365"]

Paris Olympics 2024 : भारतीय हॉकी टीम के नजर सेमीफाइनल पs, ग्रेट ब्रिटेन से होई कांटा के टक्कर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना अंतिम पूल मैच में टोक्यो ओलंपिक के रजत पदक विजेता ऑस्ट्रेलिया पs ऐतिहासिक जीत के बाद आत्मविश्वास से भरपूर भारत अतवार के इहां पेरिस ओलंपिक के पुरुष हॉकी प्रतियोगिता के क्वार्टर फाइनल में ग्रेट ब्रिटेन के खिलाफ जीत के एह लय के कायम रखे के कोसिस करी।

ऑस्ट्रेलिया पs जीत के संगही भारत भारत पूल-बी में मवजूदा ओलंपिक चैंपियन बेल्जियम के बाद दूसरका स्थान पs रहल, जबकि ग्रेट ब्रिटेन पूल-ए में तीसरका स्थान पs रहे। भारत के अभी तक खाली बेल्जियम से हार मिलल बा।भारतीय टीम पहिला दु क्वार्टर में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ पूरा तरे से हावी दिखल आ ओकरा लगातार आक्रामक खेल से मैच के गति के नियंत्रित कइलस।

52 साल बाद ऑस्ट्रेलिया के देलस ओलंपिक में मात

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ भारत के प्रदर्शन के मुख्य आकर्षण मनप्रीत सिंह आ उप-कप्तान हार्दिक सिंह के नेतृत्व वाला मिडफील्ड आ गुरजंत सिंह आउर सुखजीत सिंह अग्रिम पंक्ति के बीच सानदार समन्वय रहे। गुरजंत आ सुखजीत अपना खेल से ऑस्ट्रेलिया के रक्षा पंक्ति के दबाव में रखलस। टोक्यो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता भारतीय टीम विश्व रैंकिंग में दूसरका स्थान पs काबिज ग्रेट ब्रिटेन के खिलाफ एक बेर फेर से हर विभाग में बढ़त बनावे के कोसिस करी। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अभिषेक फॉरवर्ड लाइन में सक्रिय रहस आ ऊ टूर्नामेंट में आपन दूसरका मैदानी गोल कs के भारत को बढ़त दिलवलें।

सानदार फॉर्म में कप्तान हरमनप्रीत

कप्तान हरमनप्रीत कौर के कमाल के प्रदर्शन ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ जारी रहल आ ऊ एह मैच में दुगो गोल दगले। भारतीय कप्तान के नाम पेरिस ओलंपिक में अब छव गो गोल हो गइल बा। अमित रोहिदास आ जरमनप्रीत सिंह रक्षापंक्ति में सानदार जज्बा देखावल लो तs ओहिजा आपन आखिरी अंतरराष्ट्रीय टूर्नामेंट खेल रहल अनुभवी गोलकीपर पीआर श्रीजेश गोल के सामने देवाल के तरे खड़ा रहलें आ कइयन गो बचाव कइलें।

भारतीय टीम के ग्रेट ब्रिटेन के खिलाफ एक बेर फेर से उनका से अइसने प्रदर्शन के उम्मीद होई। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ गेना के भारतीय रक्षापंक्ति से मिडफील्ड आ फेर अग्रिम पंक्ति के पकड़ में जात देखल सानदार रहे। भारतीय खिलाड़ी एह मुकाबला में ‘एरियल’ पास के बेहतरीन इस्तेमाल कइले रहे लो आ टीम ग्रेट ब्रिटेन के खिलाफ एकर प्रभावी इस्तेमाल करे के चाही। ओलंपिक में लगातार दूसरका पदक से दु जीत दूर भारतीय टीम के कोच क्रेग फुल्टन के ग्रेट ब्रिटेन के खिलाफ टीम के खिलाड़ियन से एगो आउर अच्छा प्रर्दशन के उम्मीद बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]