[the_ad_group id="30365"]

ब्रॉन्ज मेडलिस्ट भारतीय हॉकी टीम भारत लवटल: दिल्ली एयरपोर्ट पs फैंस स्वागत कइल लो ; खिलाड़ी ढोल-नगाड़न पs डांस करत लउकल लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रॉन्ज मेडलिस्ट भारतीय हॉकी टीम भारत लवटल: दिल्ली एयरपोर्ट पs फैंस स्वागत कइल लो ; खिलाड़ी ढोल-नगाड़न पs डांस करत लउकल लो

पेरिस ओलिंपिक 2024 में ब्रॉन्ज मेडल जीतके इतिहास रचे वाली भारतीय हॉकी टीम अपना देस लवट चुकल बिया।  दिल्ली एयरपोर्ट पs खिलाड़ियन के भव्य स्वागत कइल जा रहल बा। एह दौरान टीम इंडिया के खिलाड़ी ढोल-नगाड़न पs डांस करत दिखल लो।

भारतीय हॉकी टीम पेरिस ओलिंपिक में ब्रॉन्ज मेडल जीतल। टीम इंडिया ब्रॉन्ज मेडल मैच में स्पेन के 2-1 से हवले रहे। दुनो गोल कप्तान हरमनप्रीत सिंह कइले रहस। ऊ 10 गोल के संगे टूर्नामेंट के टॉप स्कोरर रहलें।

सुखजीत आ मनदीप एयरपोर्ट पs जमके नाचल लो।
सुखजीत आ मनदीप एयरपोर्ट पs जमके नाचल लो।

ओलिंपिक में हॉकी के 13वां मेडल जीत

भारतीय टीम ओलिंपिक गेम्स में हॉकी में 13वां मेडल जीतले बिया। ई टीम के चउथा ब्रॉन्ज मेडल हs। एकरा पहिले टीम आठ गोल्ड आ एगो सिल्वर जीत चुकल बिया।

52 साल बाद लगातार दु ओलिंपिक में हॉकी मेडल

भारत 52 साल बाद लगातार दुगो ओलिंपिक गेम्स में हॉकी के ब्रॉन्ज जीतले बा। एकरा पहिले भारतीय हॉकी टीम 1968 आ 1972 के ओलिंपिक में लगातार दुगो मेडल जीतले रहे।

श्रीजेश के आखिरी इंटरनेशनल मुकाबला

भारतीय कप्तान हरमनप्रीत गोलकीपर पीआर श्रीजेश के कान्ह पs उठा लेलें।
भारतीय कप्तान हरमनप्रीत गोलकीपर पीआर श्रीजेश के कान्ह पs उठा लेलें।

ओलिंपिक के ई ब्रॉन्ज मेडल मैच गोलकीपर श्रीजेश के आखिरी इंटरनेशनल मुकाबला रहे। ऊ ओलिंपिक से पहिलही अपना संन्यास के ऐलान कs देले रहस। श्रीजेश ब्रिटेन के खिलाफ क्वार्टर फाइनल मुकाबला में 11 पेनल्टी कॉर्नर सेव कइले रहस। ई मैच पेनल्टी शूटआऊट में गइल रहे, ओहूमें ऊ दुगो सानदार सेव कइले रहस। इंडियन टीम ओलिंपिक में लगातार दूसरका ब्रॉन्ज मेडल जीतले बिया। टोक्यो में इंडिया जर्मनी के हराके ब्रॉन्ज जीतले रहे। L

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]