[the_ad_group id="30365"]

पापुआ न्यू गिनी में भूस्खलन मचवलस तबाही, 100 से अधिक लोगन के गईल जान; भइल भारी नुकसान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मेलबर्न : ऑस्ट्रेलियन ब्रॉडकास्टिंग कॉर्प (एबीसी) के कहल बा कि बियफे के दिने सुदूर पापुआ न्यू गिनी में भइल भूस्खलन में सौ से अधिका लोग के मउत के आशंका बा. भूस्खलन दक्षिण प्रशांत द्वीपीय राष्ट्र के राजधानी पोर्ट मोरेस्बी से करीब 600 किलोमीटर उत्तर-पश्चिम में एंगा प्रांत के काओकलाम गांव में भईल बतावल जाता। स्थानीय समय के अनुसार सबेरे तीन बजे के आसपास इs दुर्घटना भईल। इलाका के निवासी लोग के कहनाम बा कि मरेवाला लोग के संख्या 100 से जादे हो सकता। हालांकि अधिकारी ए आंकड़ा के पुष्टि नईखे भइल।

स्थानीय लोग बचाव कार्यकर्ता के मदद कs रहल बाड़े 

भूस्खलन के चलते कई गांव के बहुत घर पूरा तरह से तबाह हो चुकल बा। राहत आ बचाव कार्यकर्ता एहिजा के लोग के निकाले में लागल बाड़े. कई गो शव निकालल गइल बा. भूस्खलन के बाद दफन लाश निकाले में स्थानीय लोग राहत आ बचाव कार्यकर्ता के मदद कs रहल बाड़े।

 

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]