[the_ad_group id="30365"]

Air India: एयर इंडिया के फ्लाइट में बम के सूचना पs मचा हड़कंप, टॉयलेट में टिशू पेपर पs लिखल मिलल ई बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईजीआई हवाईअड्डे पs दिल्ली-वडोदरा एयर इंडिया के एगो फ्लाइट में ओह समय दहशत फइल गइल, जब चालक दल के एगो सदस्य विमान के शौचालय में एगो टिशू पेपर देखलस, जवना पs बम शब्द लिखल रहे।

बम के सूचना पs तुरंत यात्रियन के फ्लाइट से नीचे उतारल गइल। मवका पs पहुंचल बम आ डॉग स्क्वायड के टीम सर्च ऑपरेशन चलावल, बाकिर कुछओ संदिग्ध ना मिलल। बाद में दोसर विमान से यात्रियन के रवाना कइल गइल।

जानकारी के मोताबिक, एयर इंडिया प्लेन में एगो टिशू पेपर मिलल रहे, जवना पs बम लिखल रहे। जवना के देखतही यात्री आ चालक दल में हड़कंप मच गइल। यात्रियन के फ्लाइट से नीचे उतारल गइल। बतावल जा रहल बा कि घंटन छानबीन के बादो कुछो ना मिलल।

पुलिस के मोताबिक, 15 मई के सांझ लगभग 7:30 बजे वड़ोदरा खातिर प्रस्थान करे वाली एयर इंडिया के फ्लाइट के शौचालय में एगो टिशू पेपर पावल गइला के बारे में एगो सूचना प्राप्त भइल, जवना पs बम शब्द लिखल रहे। सूचना के बाद पूरा फ्लाइट में तलाशी अभियान चलावल गइल। फ्लाइट के कोना-कोना से लेके यात्रियन के सामान तक के खंगारल गइल, बाकिर कुछो संदिग्ध ना मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]