[the_ad_group id="30365"]

Panchayat Season 4: ‘पंचायत 4’ के रिलीज डेट पऽ आ गइल बड़ अपडेट

Panchayat season 4
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘पंचायत’ सीरीज ओटीटी पर सबसे बढ़िया सीरीज में से एगो हऽ। अबहीं ले तीन गो भाग आ गइल बा आ तीनों के दर्शकन के बहुते प्यार मिलल बा। ‘पंचायत’ के सचिव होखस भा प्रधान, एह धारावाहिक के हर किरदार से दर्शक अपना के जोड़ सकेलें। हाल ही में एह सीरीज के तीसरा भाग रिलीज भइल जवन बहुत सफल रहल। तब से प्रशंसक बेसब्री से एकर सीजन 4 के आवे के इंतजार करत रहले। अब ‘पंचायत 4’ के रिलीज डेट पs एगो बड़हन अपडेट आइल बा। बताईं जितेन्द्र कुमार के एह सीरीज के चउथा सीजन कब आवे वाला बा?

‘पंचायत 4’ के रिलीज डेट पऽ बड़ अपडेट

निर्देशक दीपक कुमार मिश्र पहिलही खुलासा कर चुकल बाड़न कि पंचायत सीजन 4 आ 5 पs उऽ काम शुरू कऽ देले बाड़न, माने कि लेखक लोग पटकथा पs काम शुरू कऽ देले बा। अब रिपोर्ट के मुताबिक निर्माता नयका सीजन के शूटिंग शुरू करे खातिर मानसून खतम होखे के इंतजार कर तारे। एगो खास रिपोर्ट के मुताबिक, इ नाया सीजन 2026 में रिलीज होखे के उम्मेद बा।

हालांकि अबही तक कवनो आधिकारिक घोषणा नइखे भइल कि ‘पंचायत 4’ कब आई। एकरा अलावे हमनी के इहो बतावत बानी जा कि एह सीरीज के शूटिंग अक्टूबर 2024 में मध्य प्रदेश में होखे के उमेद बा।

 ‘पंचायत 4’ के स्टोरी लाइन का होई?

जितेन्द्र कुमार, संविका, नीना गुप्ता, रघुवीर यादव जइसन स्टार ‘पंचायत 3’ में काम कइले बाड़न। पिछला तीन सीजन में फुलेरा गाँव में प्रधान बने के लड़ाई भइल रहे। ‘पंचायत 4’ के कहानी चुनाव के इर्द गिर्द घूमी आ अबकी बेर एह धारावाहिक में इहो पता चल जाई कि रिंकी आ सचिव के रोमांस खिल जाई कि ना। एहसे आगे पता चल जाई कि प्रह्लाद चुनाव में भाग लीहें कि ना।

शो के अउरी रोचक बनावे खातिर मेकर लोग नया कलाकारन के जोड़े के खबर बा। बता दीं कि पिछला सीजन में नयका सांसद के बात भइल रहे, उनका के सीजन 4 में भी ले आवल जाई। मेकर सीजन 4 में सीजन 3 के लोकगीत के दोबारा बनावे के तैयारी में बाड़े। वर्तमान में सब लोग बेसब्री से ‘पंचायत 4’ के आगमन के इंतजार में बा। नया हिस्सा के दूसरा सीजन नियन प्राइम वीडियो प भी स्ट्रीम कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]