Panchayat 3 Trailer: ‘फुलेरा’ के नया सचिव से निपटे खातिर ‘पंचायत’ ने निकललस तोड़, फिर बोललस -‘देख रहा है बिनोद…

By Anurag Ranjan

Published on: May 15, 2024

Panchayat 3 Trailer: अमेजन प्राइम वीडियो पs पंचायत 3 देखे के फैंस लो काफी समय से इंतजार कर रहल बा। खैर जितेंद्र कुमार के फुलेरा गांव के सचिव बनके अबही लौटे में तनि समय बाकी

Share

Panchayat 3 Trailer: अमेजन प्राइम वीडियो पs पंचायत 3 देखे के फैंस लो काफी समय से इंतजार कर रहल बा। खैर जितेंद्र कुमार के फुलेरा गांव के सचिव बनके अबही लौटे में तनि समय बाकी बा बाकिर अब मेकर्स एह वेब सीरीज के ट्रेलर रिलीज कर देले बा। पंचायत-3 के ई ट्रेलर देख के निश्चित तौर पs राउर बैचेनी बढ़ जाई। ई सीरीज मई एंड में रिलीज होई।

पंचायत अमेजन प्राइम के एगो अइसन वेब सीरीज हऽ, जवना के कतनो सीजन आ जाव दर्शकन के मन नइखे भरे वाला। दू गो सफल सीजन के बाद मार्च के महीना में अमेजन प्राइम ‘पंचायत-3’ के घोषणा कइला के साथही फैंस के बैचेनी बढ़ा देले रहे।

हर कोई बस इहे इंतजार कर रहल बा कि वेब सीरीज पंचायत 3 के ट्रेलर कब रिलीज होई आ सचिव जी के जिंदगी आगे का टर्न ली। अभिषेक त्रिपाठी का आपन पढ़ाई से ध्यान हटा के ‘फुलेरा’ के सचिव जी के कुर्सी संभलिहें भा ना।

सवालन के सब जवाब तऽ मई के एंड में मिल जाई। फिलहाल, मेकर्स ‘पंचायत-3’ के ट्रेलर रिलीज कऽ देले बाड़े , जवना के देख के फैंस के बैचेनी जरूर बढ़ सकत बा।

पढ़ाई भा ‘पंचायत’ के सचिव का चुनिहें अभिषेक त्रिपाठी

‘कोटा फैक्ट्री’ जइसन सफल शो देवे वाला जितेंद्र कुमार एह सीरीज में ‘सचिव’ बन के एक बार फेर से ‘फुलेरा’ वालन के नसीहत देत दिखाई दिहें। पंचायत सीरीज में उनकर किरदार के नाम ‘अभिषेक त्रिपाठी’ बा।

हालही में मेकर्स ‘पंचायत-3’ के ट्रेलर रिलीज कइले बाड़े, जवना के शुरुआत में ई देखावल गइल बा कि गांव में अभिषेक त्रिपाठी के जगहा पs एगो नया ‘सचिव’ आ चुकल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.