पाकिस्तान में नया सरकार के कवायद तेज : शाहबाज से मुलाकात के बाद जरदारी-बिलावल के पार्टी कहलस- आज लिहल जाई फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 12, 2024

पाकिस्तान में आम चुनाव के बाद नतीजा आ चुकल बा। कवनो पार्टी 134 के जादूई आंकड़ा माने बहुमत हासिल नइखे कs सकल। अब गठबंधन सरकार खातिर कवायद तेज हो चुकल बा। नवाज शरीफ के पार्टी

Share

पाकिस्तान में आम चुनाव के बाद नतीजा आ चुकल बा। कवनो पार्टी 134 के जादूई आंकड़ा माने बहुमत हासिल नइखे कs सकल। अब गठबंधन सरकार खातिर कवायद तेज हो चुकल बा। नवाज शरीफ के पार्टी PML-N के प्रेसिडेंट शाहबाज शरीफ अतवार के रात पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी (PPP) के नेता आसिफ अली जरदारी आ उनका बेटा बिलावल से मुलाकात कइलें।

निर्दलीय सांसदन के पाला बदलल सुरू 

एकरा बाद PPP कहलस- सोमार के सेंट्रल एग्जीक्यूटिव कमेटी मीटिंग के बाद कवनो फैसला कइल जाई। दूसरका तरफ, इमरान खान के पार्टी PTI के समर्थन से जीतल निर्दलीय पाला बदलके नवाज के संगे जाये लागल बा लो।

पाकिस्तान के नेशनल असेंबली में कुल 336 सीट बा। एमे से 265 सीटन पs चुनाव भइल। एगो सीट पs चुनाव टाल दिहल गइल बा, जबकि एगो सीट NA-88 के नतीजन के खारिज कs दिहल गइल बा। इहां 15 फरवरी को फिर से वोटिंग होगी। बाकी 70 सीटें रिजर्व हैं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.