भूकंप के तेज झटका से थर्राइल पाकिस्तान

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 13, 2024

पाकिस्तान में बुध के राजधानी इस्लामाबाद समेत देश के कई हिस्सा में तेज भूकंप महसूस भईल। एहसे जनता में दहशत मच गईल। पाकिस्तान के अलग-अलग इलाका में 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल। इs जानकारी देत

Share

पाकिस्तान में बुध के राजधानी इस्लामाबाद समेत देश के कई हिस्सा में तेज भूकंप महसूस भईल। एहसे जनता में दहशत मच गईल। पाकिस्तान के अलग-अलग इलाका में 5.3 तीव्रता के भूकंप आईल। इs जानकारी देत ​​देश के मौसम विभाग कहलस कि भूकंप के चलते जान-माल के नुकसान के कवनो खबर नईखे। ‘संयुक्त राज्य अमेरिका के भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण’ (यूएसजीएस) के मुताबिक भूकंप के तीव्रता 5.1 रहे। पाकिस्तान के मौसम विभाग (पीएमडी) एकर तीव्रता 5.3 बतवलस।

इस्लामाबाद के ‘राष्ट्रीय भूकंपीय निगरानी केंद्र’ के मुताबिक, “इs भूकंप अफगानिस्तान के हिंदुकुश पर्वत शृंखला में 220 किलोमीटर गहराई पs रहे।” भूकंप के बाद लोग डर से घर से बाहर निकलल। हालांकि अबे ले केहु के जानमाल के नुकसान के खबर नईखे। अधिकारी बतवले कि खैबर-पख्तूनख्वा, इस्लामाबाद अवुरी पंजाब के अलग-अलग इलाका में भूकंप महसूस भईल। पाकिस्तान में अक्सर भूकंप आवेला। साल 2005 में आइल भारी भूकंप में 74 हजार से अधिका लोग के मउत हो गइल रहे.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.