Pakistan: पीटीआई सांसद बोललें- हिंदुस्तान के चुनाव में कवनो धांधली ना भइल, का हमानियो के देस में कबो अइसन होई?

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 14, 2024

इमरान खान के पार्टी के सांसद शिबली फराज पाकिस्तानी संसद में भारत में भइल चुनाव के तारीफ कइले बाड़ें। ऊ बुध के कहलें कि सभे जानत बा कि पाकिस्तान में भइल चुनावन में धांधली भइल

Share

इमरान खान के पार्टी के सांसद शिबली फराज पाकिस्तानी संसद में भारत में भइल चुनाव के तारीफ कइले बाड़ें। ऊ बुध के कहलें कि सभे जानत बा कि पाकिस्तान में भइल चुनावन में धांधली भइल बा बाकिर हमनी के पड़ोसी देस में चुनाव भइल, बाकिर आज केहू नइखे कह सकत कि एमे धांधली कइल गइल।

ऊ कहलें कि हिंदुस्तान में 80 करोड़ लोग वोट कइले बा। उहां वोटिंग खातिर लाखन पोलिंग स्टेशन बनावल गइल रहे। उहां एक आदमी खातिर वोटिंग सेंटर बनल रहे। हिन्दुस्तान में पूरा इलेक्शन ईवीएम से भइल, जवन एक महीना से जादे चलल।

फराज अपना सरकार से पूछलें- का हिंदुस्तान में चुनाव के नतीजन के लेके अभी तक एको आवाज उठल बा। उहां के सब पार्टी मनली सs कि चुनाव निष्पक्ष भइल बा। ऊ संसद में सवाल उठवलें कि का कबो पाकिस्तान में बिना कवनो धांधली के चुनाव हो सकत बा? बता दीं कि पाकिस्तान में आठ फरवरी के चुनाव भइल रहे, जेमे इमरान खान के पार्टी हार गइल रहे।

शिबली फराज संसद के स्पीकर सरदार सादिक से कहलें कि हमनियो के चाहत बानी सs कि पाकिस्तान में निष्पक्ष चुनाव होखे। हमनी के इहां चुनाव होत बा तs एकर रिजल्ट्स के ना तs हारे वाली पार्टी मानेले ना जीते वाली। एह तरे के चीज हमनी के पॉलिटिकल सिस्टम के पूरा तरे खोखला कs देले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.