[the_ad_group id="30365"]

बिलावल भुट्टो बनिहें पाकिस्तान के प्रधानमंत्री! PPP जरदारी के लेके भी कइलस इ बड़ ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी पूर्व विदेश मंत्री बिलावल भुट्टो के पीएम आ जरदारी के राष्ट्रपति पद खातिर खड़ा करे के एलान कइले बिया। पाकिस्तान पीपुल्स पार्टी के सूचना सचिव फैसल करीम कुंडी गुरुवार के कहले कि पार्टी के अध्यक्ष बिलावल भुट्टो जरदारी प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार होईहे, जबकि उनुकर पिता अवुरी पूर्व राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के फेर से राष्ट्रपति पद खातीर नामित कईल जाई। डॉन के खबर के मुताबिक, आवे वाला चुनाव के बाद जरदारी फेर से राष्ट्रपति के भूमिका संभाल लीहे।

ई बयान जरदारी के हाल के टिप्पणी के बाद दिहल गइल बा जवना में ऊ संकेत दिहले बाड़न कि पार्टी अबहीं ले प्रधानमंत्री पद खातिर आपन उम्मीदवार फाइनल नइखे कइले। जब पूछल गइल कि का बिलावल उम्मीदवार हो सकेलें तs जरदारी कहलन कि बिलावल खुद भा खुर्शीद शाह संभावित उम्मीदवार हो सकेलें। उ कहले कि, बिलावल (उम्मीदवार) हो सकतारे अवुरी हमहु हो सकतानी… खुर्शीद शाह इहो कहतारे कि उनुका के (प्रधानमंत्री) बनावल जा सकता।

पीपीपी बिलावल भुट्टो के उम्मीदवारी के पुष्टि कइलस

डॉन के मुताबिक, इस्लामाबाद में मीडिया ब्रिफिंग में फैसल कुंडी पार्टी के इच्छा जतवले कि 2018 के चुनाव के परिदृश्य के दोहरावल जाए अवुरी आसिफ जरदारी के फेर से राष्ट्रपति बनल देखल जाए। साथ ही प्रधानमंत्री पद खातिर बिलावल के उम्मीदवारी के भी पुष्टि कईले। उ कहले कि, हमनी के इच्छा होई कि 2018 के विरोध प्रदर्शन दोहरावल जाए अवुरी आसिफ जरदारी के राष्ट्रपति बनावल जाए। उ शायद 2008 के चुनाव के बात कईले रहले, जब जरदारी राष्ट्रपति चुनल गईल रहले।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]