[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान: खैबर पख्तूनख्वा आ बलूचिस्तान में सेना कइलस बड़ कार्रवाई, मारल गइल 12 आतंकी

Pakiatan
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के सुरक्षा बल खैबर पख्तूनख्वा आ बलूचिस्तान प्रांत में आतंकियन के खिलाफ बड़हन सैन्य अभियान चला के बड़हन कार्रवाई कइले बा. सुरक्षा बल एक के बाद एक दू गो अभियान चलवले जवना में 12 गो आतंकी मारल गइले. सेना बुध के सैन्य अभियान के बारे में जानकारी देले बिया। आतंकवादियन के खिलाफ एह अभियान के सेना एगो बड़हन कार्रवाई मानत बिया.

पाकिस्तान सेना कार्रवाई कईलस

सेना के कहल बा कि पहिला अभियान 12 आ 13 नवंबर के खैबर पख्तूनख्वा के मीरानशाह जिला में शुरू भइल रहे आ उत्तर वजीरिस्तान इलाका में भइल मुठभेड़ में आठ गो आतंकी मारल गइल बाड़े. एह मुठभेड़ में छह गो आतंकी भी घायल हो चुकल बाड़े। पाकिस्तान सेना के मीडिया विंग ‘इंटर सर्विसेज जनसंपर्क’ (आईएसपीआर) के मुताबिक, दुसरका अभियान में सुरक्षा बल बलूचिस्तान के केच जिला के बलगाट में कथित तौर पs आतंकी छिपल जगह पs निशाना बना लेले बाड़े।

कुख्यात आतंकी मारल गइल

आईएसपीआर के मुताबिक बलगाट में सेना के कार्रवाई में चार आतंकी मारल गईले,जवना में कुख्यात आतंकी सना उर्फ ​​बारू भी शामिल बाड़े। सेना कहलस कि बारू केच में ‘मजीद ब्रिगेड’ खातिर आतंकियन के भर्ती करे वाला प्रमुख एजेंट हउवें. खास तौर पs उs ‘आत्मघाती हमलावर’ के बहाली में शामिल रहले। कानून प्रवर्तन एजेंसी के वांटेड लिस्ट में भी उनकर नाम दर्ज रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]