[the_ad_group id="30365"]

दर्दनाक: भदोही में माई के साथे सुतल  बच्ची के उठा ले गइल जंगली जानवर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भदोही जिला के सुरियावां थाना क्षेत्र के अबरना गांव में सोमार के रात एगो जंगली जानवर अपना माई के संगे सुतल पांच महीना के बच्चा के उठा ले गइल। सबेरे ओकर लाश बस्ती से कुछ दूरी पs विकृत हालत में मिलल। पुलिस लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस। ए घटना से इलाका में सनसनी फइल गइल बा। खबर मिलते वन विभाग के टीम मौका प पहुंच के जांच शुरू कऽ देलस।

इ बा पूरा मामला

अबरना गाँव के एक छोर पर मुसहर बस्ती बा। जहां मुसहर परिवार के 10 से 15 लोग रहेला। रोज नियन बस्ती के विजयी वनवासी के पत्नी सोमार के रात अपना शेड में पांच महीना के मासूम प्रीति के संगे सुतल रहली। सबेरे उठला पs लइकी उनका खाट पs ना लउकल। इ देख के उऽ परेशान हो गईली।

जब बस्ती के लोग के सूचना मिलल तऽ खोजबीन शुरू हो गइल, बाकिर लईकी ना मिलल। मंगर के सबेरे बस्ती से कुछ दूरी पs एगो निर्दोष बच्चा के विकृत लाश मिलल। आशंका बा कि कवनो जंगली जानवर ओकरा के लेके चल गइलम कुछ लोग कहत बा कि उऽ भेड़िया हऽ तऽ कुछ लोग कहत बा कि उऽ बिगवा हऽ।

सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंच गइल। लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल। पुलिस के जानकारी मिलते वन विभाग के टीम मौका पs पहुंचल आ जंगली जानवर के तलाश शुरू कऽ देलस।

बता दीं कि एक महीना के भीतर जंगली जानवर के इ तीसरा हमला बा। एकरा से पहिले कोइरौना के बंकट में हमला में सात लोग घायल हो गइले। एक साल पहिले उंज थाना क्षेत्र के एगो गांव के मुसहर बस्ती में एगो जंगली जानवर चार साल के बच्चा के हत्या कऽ के खा चुकल रहे। डीएफओ नीरज आर्य बतवले कि मौका पs टीम के तैनाती कइल गइल बा। जंगली जानवर के पहचान हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]