[the_ad_group id="30365"]

Pahalgam Attack: आज श्रीनगर से दिल्ली आ मुंबई खातीर एयर इंडिया के विशेष उड़ान, जानीं टाइमिंग

Pahalgam Attack
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर के पहलगाम में भईल आतंकी हमला में 26 लोग के मउत हो गईल, जबकि 20 लोग के घाही के इलाज चलता। एही बीच एयर इंडिया श्रीनगर से दिल्ली अवुरी मुंबई खातीर दुगो अतिरिक्त उड़ान के घोषणा कईले बिया। मौजूदा हालात के देखत एयर इंडिया सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs कहलस कि एयरलाइन बुध 23 अप्रैल के श्रीनगर से दिल्ली अवुरी मुंबई खातीर दुगो अतिरिक्त उड़ान भरी।

बता दीं कि एह हमला में मरे वाला लोग में यूपी, महाराष्ट्र, बंगाल, कर्नाटक, बिहार, मध्य प्रदेश, हरियाणा के लोग शामिल बा. एs हमला में आतंकी सिर्फ ओ लोग के निशाना बनवले, जवन कि अपना परिवार के संगे गईल रहले। इहाँ ले कि लोग के नाव पूछला के बाद गोली भी मार देले।

समय का होई?

एयर इंडिया के कहल बा कि बुध के दिने श्रीनगर से दिल्ली खातिर सबेरे एगारह बजे आ दुपहरिया बारह बजे मुंबई खातिर उड़ान चलावल जाई. एयरलाइन के कहनाम बा कि हमनी के बाकी सभ उड़ान श्रीनगर से निर्धारित समय के मुताबिक चली। एयर इंडिया एs रूट पs यात्रा करेवाला यात्री के 30 अप्रैल तक मुफ्त रिबुकिंग अवुरी पूरा रिफंड के सुविधा भी दिही।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]