[the_ad_group id="30365"]

हाथ में हथियार आ पठानी सूट…,पहलगाम में हमला करे वाला एगो आंतकी के पहिला तस्वीर आईल सामने

आतंकी के तस्वीर
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहलगाम में आतंकी हमला करे वाला हमलावर में से एगो के तस्वीर सामने आइल बा. जवना में आतंकी हाथ में हथियार लेके पठानी सूट पहिनले देखल जाता। सुरक्षा एजेंसी एs फोटो से जुड़ल सभ संदिग्ध के जांच शुरू कs देले बिया। रउरा सभे के बता दीं कि काल्हु दुपहरिया तीन बजे के करीब पहलगाम के बैसरन के एगो रिसॉर्ट पs कुछ आतंकवादी हमला कs दिहले जवना में 26 लोग के मउत हो गइल आ 13 लोग के घवाहिल होखे के खबर आजुओ बा.

सुरक्षा बल आतंकियन के बारे में जानकारी जुटा रहल बा

कहल जात बा कि ई फोटो हमला के दौरान के हs आ पहलगाम आतंकी हमला में शामिल एगो आतंकी के हs. आतंकी हाथ में हथियार लेके पठानी सूट पहिनले बा। हालांकि इs फोटो आतंकी के पीठ से लिहल गईल बा, बाकिर सुरक्षा बल के बहुत मददगार हो सकता। काल्हु  करीब एक-2 बजे जम्मू कश्मीर पुलिस, सीआरपीएफ आ सेना के तस्वीर भेजल गइल आ कहल गइल कि एह बात के ध्यान में राखत एके जइसन कद के सगरी संदिग्ध के जाँच करीं आ जानकारी एकट्ठा करीं.

आतंकवादी आ सुरक्षा बल के बीच गोलीबारी

इहाँ हमला के बाद सुरक्षा बल इलाका के घेराबंदी कs के तलाशी अभियान शुरू कs देलस। एही बीच पाकिस्तान के 2-3 आतंकी उरी के ओर घुसे के कोशिश कईले। इलाका में आतंकी अवुरी सुरक्षा बल के बीच अबे ले गोलीबारी जारी बा।

इहो पढ़ीं: वक्फ कानून के बाद अब UCC के बारी? BJP जारी कईलस वीडियो

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]