[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 64 माफिया में मुख्तार अंसारी समेत 39 जेल में, पांच माफिया फरार आ 20 जमानत पs बाहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शासन माफिया आ अपराधियन पs जीरो टालरेंस के तहत कार्रवाई कर रहल बा तs ओह लोगन आ पुलिस के बीच कानूनी दांवपेंच के खेल जारी रहेला। प्रदेश के सूचीबद्ध माफिया के बात कइल जाव तs एमें पांच माफिया फरार बा लो, जेकरा के पुलिस लमहर समय से तलाश कs रहल बिया। जबकि बृजेश सिंह समेत बीस माफिया जमानत पs बाहर बा लो।

पुलिस माफियन के गतिविधियन पs नजर रखला के संगही ओह लोगन के मुकदमन में आउर प्रभावी पैरवी के रणनीति के तहत डेग बढ़ा रहल बा। मुख्तार अंसारी समेत 40 माफिया वर्तमान में जेल में बा लो। एमे अजय सिपाही बीतल दिनन समर्पण कइले रहे। जबकि चिन्हित 66 माफिया के सूची में सामिल रहल अतीक अहमद के पुलिस अभिरक्षा में हत्या हो चुकल बा आ पुलिस अभिरक्षा से भाग निकलल आदित्य राणा उर्फ रवि मुठभेड़ में मारल गइल रहे।

माफिया सूची में सामिल पश्चिमी उत्तर प्रदेश के कुख्यात बदन सिंह उर्फ बद्दो, सहारनपुर निवासी पूर्व एमएलसी हाजी इकबाल उर्फ बाला, गौतमबुद्धनगर के मनोज उर्फ आसे, मेरठ के विनय त्यागी उर्फ टिंकू, लखनऊ के जुगनूवालिया उर्फ हरिविंदर आ प्रयागराज के जोवद उर्फ पप्पू फरार चल रहल बाड़े सs। एह सभन के पुलिस तलाश कs रहल बिया।

एकरा अलावे माफिया बृजेश कुमार सिंह, सुशील उर्फ मूंछ, विनोद शर्मा, एजाज, डब्बू सिंह उर्फ प्रदीप सिंह, गुड्डू सिंह, अनूप सिंह, संजीव द्विवेदी, राकेश यादव, सुधीर कुमार सिंह, विनोद कुमार उपाध्याय, राजन तिवारी, सउद अख्तर, लल्लू यादव, बच्चू यादव, राजेश यादव, गणेश यादव, कम्मू उर्फ कमरुल हसन आ जाबिर हुसैन जमानत पs बाहर बा लो।

जेल में बंद माफिया

मुख्तार अंसारी, उधम सिंह, यागेश भदौड़ा, हाजी याकूब कुरैशी, शारिक, सुनील राठी, धर्मेंद्र, यशपाल तोमर, अमर पाल उर्फ कालू, अनुज बरखा, विक्रांत उर्फ विक्की, संजीव माहेश्वरी उर्फ जीवा, अनिल चौधरी, ऋषि कुमार शर्मा, अनुपम दुबे, खान मुबारक सहित 39 माफिया जेल में बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]