OTT Release: Gullak 4 से लेके Kota Factory 3 ले, जून के महीना में कई गो धांसू सीरीज हो रहल बा रिलीज, नोट कऽ लिहीं डेट

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

OTT Release: जून के महीना ओटीटी लवर्स के खातिर रोमांचक होखे वाला बा, काहेकि कई धांसू वेब सीरीज नेटफ्लिक्स, सोनी लिव, डिज्नी प्लस हॉटस्टार आ जियो सिनेमा जइसन प्लेटफॉर्म पs रिलीज होखे वाली बिया। एमें

Share

OTT Release: जून के महीना ओटीटी लवर्स के खातिर रोमांचक होखे वाला बा, काहेकि कई धांसू वेब सीरीज नेटफ्लिक्स, सोनी लिव, डिज्नी प्लस हॉटस्टार आ जियो सिनेमा जइसन प्लेटफॉर्म पs रिलीज होखे वाली बिया। एमें गुल्लक 4 से लेके द लीजेंड ऑफ हनुमान सीजन 4, ब्लैकआउट शामिल बा।

OTT Release: नेटफ्लिक्स, प्राइम वीडियो, डिज्नी+हॉटस्टार, सोनी लिव आ जियो सिनेमा जइसन ओटीटी प्लेटफॉर्म पs जून के महीना में कई गो धमाकेदार वेब सीरीज रिलीज होखे वाला बा। तऽ रउवो गर्मी से बचके घर में गुलक सीजन 4, लीजेंड ऑफ हनुमान सीजन 4, ब्लैकआउट जइसन सीरीज के एंजॉय करीं।

गुनाह

गशमीर महाजनी आ सुरभि ज्योति स्टारर वेब सीरीज डिज्नी+हॉटस्टार पs 3 जून से स्ट्रीम होखे खातिर पूरा तरे से तैयार बा। गशमीर एमें अभिमायु के रोल निभाव ताड़े, जे बदला लेवे खातिर एगो जुआरी बन जाले।

द लीजेंड ऑफ हनुमान सीजन 4

एनिमेटेड सीरीज “द लीजेंड ऑफ हनुमान” सीजन 4, 5 जून के डिज्नी+हॉटस्टार पs रिलीज होई। ई एगो विनम्र वानर के कहानी हऽ, जवन अपना दिव्यता के बारे में भूल गइल बाड़े, आ कइसे उनका आस-पास के लोग उनका के अपना भीतर के भगवान के खोज करे में मदद कइलस।

Gullak – गुल्लक सीजन 4

गुल्लक सीजन 4, 7 जून के सोनी लिव पs स्ट्रीम होखे खातिर पूरा तरह से तैयार बा। जमील खान, गीतांजलि कुलकर्णी, वैभव राज गुप्ता आ हर्ष मायर के साथे, गुल्लक आपन भरोसेमंद कहानी आ प्यारे किरदारन के साथे दर्शकन के दिल जीते खातिर तैयार बा।

कोटा फैक्ट्री सीजन 3

द वायरल फीवर के ओर से निर्देशित आ जितेंद्र कुमार स्टारर वेब सीरीज कोटा फैक्ट्री सीजन 3 एक बार फेर दर्शकन के एंटरटेन करे खातिर आ रहल बा। वेब सीरीज जून में रिलीज होई। हालांकि ऑफिशियल डेट अनाउंस नइखे भइल।

ब्लैकआउट

विक्रांत मैसी आपन ब्लैकआउट के साथे डार्क कॉमेडी एरिया में एंट्री करे खातिर पूरा तरे से तैयार बाड़े। ई फिल्म 7 जून के जियो सिनेमा पs रिलीज होई।

बड़े मियां छोटे मियां

अक्षय कुमार आ टाइगर श्रॉफ के बड़े मियां छोटे मियां 11 अप्रैल, 2024 के बड़का प्रदा पs रिलीज भइल रहे, हालांकि एकर बॉक्स ऑफिस पs ई कुछ खास कमाल ना दिखल। अब ई मूवी नेटफ्लिक्स पs 6 जून के रिलीज होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.