[the_ad_group id="30365"]

ऑस्कर विजेता फिल्म अभिनेता के मउत, खड़ा कार में मिलल लाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजुकाल्हु कोरियाई फिलिम पूरा दुनिया में लोकप्रिय बाड़ी सँ. ‘पैरासाइट’ नाम के कोरियाई फिलिम ऑस्कर जीत के दुनिया भर में प्रसिद्धि अर्जित कइले रहुवे। हालही में दक्षिण कोरिया के अधिकारी एह बात के जानकारी साझा कइले बाड़न कि कोरियाई अभिनेता के निधन हो गइल बा। दक्षिण कोरिया के अधिकारी के मुताबिक, ड्रग केस में शामिल अभिनेता लीली सन ग्युन के मउत हो गईल बा। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, 27 दिसंबर के सियोल सेओंगबुक थाना के रिपोर्ट में कहल गईल कि, वारयोंग पार्क में खड़ा गाड़ी में एगो बेहोश आदमी मिलल रहे। ई व्यक्ति दोसर केहू ना रहे आ ऑस्कर विजेता फिल्म के अभिनेता रहे।

आत्महत्या के संकेत मिलल

ए घटना से ठीक पहिले अभिनेता के पत्नी पुलिस के सूचना देले रहली कि उनुकर पति घर में एगो नोट छोड़ देले बाड़े। एह नोट में उs आत्महत्या के इरादा के संकेत देले रहले। महिला इमरजेंसी कॉल के माध्यम से पुलिस के सूचना देले रहली। 27 दिसंबर के सबेरे एगो रहस्यमयी फोन कॉल के बाद पुलिस एs आदमी के पहचान ली सन ग्युन के रूप में पुष्टि कईले बिया। एकरा बाद पुलिस के कार्रवाई आगे बढ़ल अवुरी पार्किंग में खड़ा गाड़ी के भीतर अभिनेता मरल मिलन। उनुका गाड़ी में कोयला के चारकोल ब्रिकेट जईसन अतिरिक्त सबूत आत्महत्या के ओर इशारा करता। अक्टूबर से ली सन ग्युन के कथित तौर पs नशा के इस्तेमाल के मामिला में पुलिस जांच के तहत आ गईल रहे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]