[the_ad_group id="30365"]

ऑस्कर विजेता हॉलीवुड एक्टर जीन हैकमैन आ उनकर पत्नी के मउत, घर में मिलल दुनु जने के शव

ऑस्कर विजेता हॉलीवुड एक्टर जीन हैकमैन आ उनकर पत्नी के मउत
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लॉस एंजिलिस हॉलीवुड के फिलिमन ‘द फ्रेंच कनेक्शन’ आ ‘अनफॉरगिवन’ में अपना भूमिका खातिर ऑस्कर पुरस्कार जीते वाला 95 बरीस के अभिनेता जीन हैकमैन आ उनुकर मेहरारू बुध के दिने न्यू मैक्सिको में अपना घर पs मरल मिलल बाड़न. अधिकारी इs जानकारी देले. हैकमैन 1960 के दशक से ले के अभिनय से रिटायरमेंट ले कई तरह के भूमिका में सिल्वर स्क्रीन पs नजर अइलें। ऊ फिल्म इंडस्ट्री के सबसे सम्मानित कलाकारन में से एक रहले. दर्जनों फिलिम कइलन. ‘द फ्रेंच कनेक्शन’ आ ‘अनफॉरगिवन’ में उनुका भूमिका खातिर उनुका के ऑस्कर से सम्मानित कइल गइल. फिल्म ‘सुपरमैन’ में ऊ खलनायक के किरदार निभवले बाड़न.

हॉलीवुड के स्टार दुख जतवले

‘द कन्वर्सेशन’ में हैकमैन के संगे काम करे वाला ऑस्कर विजेता निर्देशक फ्रांसिस फोर्ड कोपोला पोस्ट कईले कि, ‘एक महान कलाकार के खोवल हमेशा शोक अवुरी जश्न दुनो के कारण होखेला।’ ‘एक महान अभिनेता, अपना काम आ जटिलता में प्रेरणादायक आ शानदार. हम उनुका खोवे के शोक मनावत बानी आ उनुका अस्तित्व आ योगदान के जश्न मनावत बानी.’ 
अभिनेता आ लेखक जॉर्ज टेकी सोशल मीडिया पोस्ट में हैकमैन के परदा के असली दिग्गजन में से एगो बतवले बाड़न. ‘जीन हैकमैन केहू के भूमिका निभाव सकेलें आ एकरा पीछे रउरा पूरा जिनिगी महसूस होला.’ जॉर्ज टेकी लिखले बाड़न कि ‘उनुका के हमेसा याद कइल जाई आ ओकर काम जियत रही.” 1967 के फिलिम बोनी एंड क्लाइड में सफलता पावे से पहिले हैकमैन 36 बरिस के रहलें, ई भूमिका “द ग्रेजुएट” में मिस्टर रॉबिन्सन के भूमिका खोले के बाद मिलल। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]