डिजिटल डेस्क, नई दिल्ली। वोटर लिस्ट में कथित हेरफेर के लेके विपक्षी दलन मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के खिलाफ मोर्चा खोल दिहले बाड़ें। उनकर इस्तीफा के मांग लेके विपक्ष के नेता चुनाव आयोग के ऑफिस तक मार्च निकाल रहल बाड़ें। ओहिजे कांग्रेस सांसद राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी धरना प बइठल बाढे। प्रदर्शन के मद्देनजर मध्य दिल्ली के प्रमुख इलाकन में सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा।
विपक्षी दलन के नेता वोटर लिस्ट में कइल गइल विवादित बदलाव के लेके मुख्य चुनाव आयुक्त (CEC) ज्ञानेश कुमार के पद से हटावे के मांग कर रहल बाड़ें। नीति आयोग के ऑफिस के सामने सुरक्षाकर्मि चुनाव आयोग के ओर बढ़ रहल इंडी गठबंधन के मार्च के रोक दिहलें। एह दौरान सांसदन ज्ञानेश कुमार के खिलाफ नारेबाजी कइलें।
बैरिकेड लगाके रोकल गइल मार्च
चुनाव आयोग के मुख्यालय के ओर बढ़ रहल विपक्ष के मार्च के पुलिस बैरिकेड लगाके रोक दिहल गइल। एही जगह प राहुल गांधी आ प्रियंका गांधी धरना पर बइठ गइलीं। बाद में समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव ओहिजा पहुंचलें। सांसदन मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के खिलाफ नारेबाजी कइलें, जवना में ‘वोट चोर’ जइसन नारा शामिल रहल।
भारी संख्या में पुलिस के जवान तैनात
इंडी गठबंधन के मार्च में विपक्षी सांसद आरएसएस के यूनिफॉर्म पहिनल मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार के कटआउट लेके चलत रहलें। जंतर-मंतर आ ओकरा आसपास दिल्ली पुलिस के भारी संख्या में जवान तैनात कइल गइल बाड़ें।
चुनाव आयोग के ऑफिस के बाहर आ आसपास के कई जगहन प बैरिकेड लगावल गइल बा। कवनो तरह के गड़बड़ी आ कानून-व्यवस्था के समस्या के रोके खातिर पुलिस आवे-जाए वाला लोगन आ गाड़ियन प नजर रख रहल बिया। पुलिस सुरक्षा बलन के कवनो स्थिति से निपटे खातिर पूरा तरह से तइयार रहे के निर्देश दिहले बिया।







No comments yet. Be the first to comment!