Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर के गीडा में उद्योग लगावे के साथही मॉल अउर कांप्लेक्स खोलले के मौका

1,633

गीडा औद्योगिक क्षेत्र में उद्योग लगावे के साथही शॉपिंग मॉल अउर कांप्लेक्स भी खोल सकतनें। फरवरी में होखे वाले ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट के पहिले गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) औद्योगिक अउर कामर्शियल उपयोग खातिर 142 भूखंड के आवंटन करी। निवेश मित्र पोर्टल से नीलामी अउर आवंटन के प्रक्रिया पूरा होई। चार जनवरी से भूखंड खातिर ऑनलाइन आवेदन कs सकतनें। अंतिम तारीख तीन फरवरी बा।

गीडा के विभिन्न सेक्टर में होने वाले छोट-बड़ भूखंड खातिर गीडा प्रशासन द्वारा विज्ञापन के औपचारिकता पूरा कइल जा रहल बा। विभिन्न सेक्टर में 10 वर्ग मीटर से ले के 4,851 वर्ग मीटर एरिया के भूखंड के आवंटन कइल जाए के बा।

गीडा के सेक्टर-13, 15 अउर 26 में सामान्य औद्योगिक प्रयोजन खातिर 20 भूखंड के आवंटन होई। एकर क्षेत्रफल 340 से 17,514 वर्ग मीटर बा। एही तरह गारमेंट उद्योग खातिर 40 भूखंड के आवंटन होई। एकर क्षेत्रफल 510 से 1,000 वर्ग मीटर के बीच बा। गीडा एसे पहिले पिछले महीना सामान्य औद्योगिक प्रयोजन अउर गारमेंट के फैक्ट्रियन खातिर 23 भूखंड के आवंटन कइले रहे।

एही तरे वाणिज्यिक प्रयोजन खातिर भी 26 भूखंड के आवंटन पहिला बेर ई-ऑक्शन पोर्टल के माध्यम से कइल गइल बा। पिछले दिन भइल ई-ऑक्शन में वाणिज्यिक भूखंड के आवंटन खातिर रिजर्व मूल्य प्रति वर्ग मीटर 33,310 रुपया रहल। भूखंड के नीलामी 300 प्रतिशत से अधिक दर बा।

गीडा विभिन्न सेक्टर में 86 वाणिज्यिक भूखंड खातिर आवेदन मांग रहल बा। एह तरे गीडा प्राधिकरण द्वारा नयका साल में वाणिज्यिक अउर औद्योगिक प्रयोजन खातिर करीब 142 से अधिक भूखंड खातिर अर्जी मांगल गइल बा।

427050cookie-checkगोरखपुर के गीडा में उद्योग लगावे के साथही मॉल अउर कांप्लेक्स खोलले के मौका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.