[the_ad_group id="30365"]

छपरा से चले वाली ट्रेनन के संचालन प्रभावित, प्रयागराज स्टेशन पs इंजीनियरिंग काम के लेके 9 ट्रेनन के ठहराव निरस्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वोत्तर रेलवे परिचालनिक सुगमता आ आधारभूत संरचना में उन्नयन कs के भविष्य में बेहतर रेल सेवा प्रदान करे के उद्देश्य से रेल के परिचालन कs रहल बिया। रेल प्रशासन प्रयागराज रामबाग के लाइन सख्या-चार आ लाइन सख्या- छव के झूंसी-दारागंज-प्रयागराज रामबाग- दोहरीकरण कार्य खातिर 45 दिनन के ब्लॉक देले रहे।

अपरिहार्य कारणन से अब एह ब्लॉक अवधि के 23.08.24 तक बढ़ा दिहल गइल बा। एह कारण कइयन गाड़ियन के 23 अगस्त तक प्रयागराज रामबाग स्टेशन पs अस्थायी ठहराव के लागू कइल गइल बा। एह दौरान छपरा से चले वाली ट्रेनन के संचालन प्रभावित भइल बा। जवना से यात्रियन के परेसानी हो रहल बा, निश्चित अवधि के बाद संचालन सामान्य हो जाई।

13 अगस्त से 23 तक प्रयागराज रामबाग स्टेशन पs ना रही 9 गाड़ियन के ठहराव

गाड़ी सं-11062 जयनगर- लोकमान्य तिलक टर्मिनस पवन एक्सप्रेस, 14006 आनंद विहार-सीतामढ़ी लिक्ष्वी एक्सप्रेस, 15559 डिब्रूगढ़-अहमदाबाद अन्त्योदय एक्सप्रेस ,11034 डिब्रूगढ़-पुणे एक्सप्रेस,15004 चौरी चौरा एक्सप्रेस,11061 लोकमान्य तिलक-जयनगर पवन एक्सप्रेस,11033 पुणे-दरभंगा एक्सप्रेस,14005 सितमढी-आनंद विहार टर्मिनल लिक्ष्वी एक्सप्रेस,15560 अहमदाबाद-दरभंगा अन्त्योदय एक्सप्रेस, गाड़ी प्रयागराज रामबाग स्टेशन पs 13 अगस्त से 23 अगस्त,2024 तक ना रुकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]