Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली खातिर एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन के संचालन : सिवान-तमकुही-कप्तानगंज के रास्ते लगाई 10 फेरा, टाइम टेबल जारी

94

गर्मी में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के देखत रेलवे ट्रेन संख्या 05317/05318 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी चलावे के निर्णय लेले बा। एकर संचालन छपरा से 27 अप्रिल से लेके 29 जून तक हर सनीचर के आ आनन्द विहार टर्मिनस से 28 अप्रिल से लेके 30 जून तक हर अतवार के 10 फेरा खातिर कइल जाई।

जानकारी के मोताबिक ट्रेन संख्या 05317 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी 27 अप्रिल सनीचरा के छपरा से 23:55 बजे खुली। एकरा बाद दूसरका दिन सीवान, थावे, तमकुही, पडरौना, कप्तानगंज, गोरखपुर, खलीलाबाद, बस्ती, बभनान, मनकापुर, गोंडा, बाराबंकी होत कानपुर सेन्ट्रल 12:55 बजे पहुंची। उहां से फेर इटावा, गाजियाबाद से आनन्द विहार टर्मिनस 20:00 बजे पहुंची।

ओहिजा, वापसी यात्री गाड़ी संख्या 05318 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी 28 अप्रिल आनन्द विहार टर्मिनस से 22:30 बजे खुली। एकरा बाद गाजियाबाद, इटावा, कानपुर सेन्ट्रल, ऐशबाग, बाराबंकी, गोंडा, मनकापुर, बभनान होते गोरखपुर 12:25 बजे पहुंची। उहां से फेर कप्तानगंज, पडरौना, तमकुही होत छपरा 17:30 बजे पहुंची। बता दीं कि एह गाड़ी में एलएसएलआरडी के एगो कोच, जनरेट सह लगेज यान के एगो आ साधारण द्वितीय श्रेणी के 20 कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

805380cookie-checkदिल्ली खातिर एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन के संचालन : सिवान-तमकुही-कप्तानगंज के रास्ते लगाई 10 फेरा, टाइम टेबल जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.