दिल्ली खातिर एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन के संचालन : सिवान-तमकुही-कप्तानगंज के रास्ते लगाई 10 फेरा, टाइम टेबल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

गर्मी में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के देखत रेलवे ट्रेन संख्या 05317/05318 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी चलावे के निर्णय लेले बा। एकर संचालन छपरा से 27 अप्रिल से लेके 29 जून तक

Share

गर्मी में यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के देखत रेलवे ट्रेन संख्या 05317/05318 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी चलावे के निर्णय लेले बा। एकर संचालन छपरा से 27 अप्रिल से लेके 29 जून तक हर सनीचर के आ आनन्द विहार टर्मिनस से 28 अप्रिल से लेके 30 जून तक हर अतवार के 10 फेरा खातिर कइल जाई।

जानकारी के मोताबिक ट्रेन संख्या 05317 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी 27 अप्रिल सनीचरा के छपरा से 23:55 बजे खुली। एकरा बाद दूसरका दिन सीवान, थावे, तमकुही, पडरौना, कप्तानगंज, गोरखपुर, खलीलाबाद, बस्ती, बभनान, मनकापुर, गोंडा, बाराबंकी होत कानपुर सेन्ट्रल 12:55 बजे पहुंची। उहां से फेर इटावा, गाजियाबाद से आनन्द विहार टर्मिनस 20:00 बजे पहुंची।

ओहिजा, वापसी यात्री गाड़ी संख्या 05318 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी 28 अप्रिल आनन्द विहार टर्मिनस से 22:30 बजे खुली। एकरा बाद गाजियाबाद, इटावा, कानपुर सेन्ट्रल, ऐशबाग, बाराबंकी, गोंडा, मनकापुर, बभनान होते गोरखपुर 12:25 बजे पहुंची। उहां से फेर कप्तानगंज, पडरौना, तमकुही होत छपरा 17:30 बजे पहुंची। बता दीं कि एह गाड़ी में एलएसएलआरडी के एगो कोच, जनरेट सह लगेज यान के एगो आ साधारण द्वितीय श्रेणी के 20 कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.