[the_ad_group id="30365"]

अंबानी के खुला धमकी, स्टांप पेपर पऽ लिखके देलस- हमार अगिला टारगेट मुकेश धीरूभाई अंबानी…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के बड़का उद्योगपति मुकेश अंबानी के एमपी में धमकी दिहल गइल बा। राज्य के ग्वालियर में उनका नांव से धमकी भरल चिट्ठी सामने आइल बा। ई चिट्ठी डाक टिकट पs लिखल गइल बा। धमकी देवे वाला चिट्ठी में लिखले बा – हमार अगिला निशाना मुकेश धीरुभाई अंबानी… हैरानी के बात इ बा कि एगो मंदिर के चंदा के डिब्बा में मुकेश अंबानी के नांव पs धमकी वाला चिट्ठी मिलल बा। ए बड़ घटना के बाद पुलिस में शिकायत दर्ज करावल गइल बा।

ई चिट्ठी ग्वालियर के अचलेश्वर मंदिर के चंदा के डिब्बा में मिलल। धमकी देवे वाला के नांवे ₹100 के डाक टिकट प लिखल ए चिट्ठी में लिखल बा। एमें साफ-साफ लिखल बा कि हमार अगिला निशाना मुकेश धीरूभाई अंबानी मुंबई बा। चिट्ठी पढ़ला के बाद मंदिर प्रबंधन समिति के सदस्य चौंक गइले। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया।

दान पेटी में मिलल ₹100 के स्टांप पऽ लिखल बा—

शिव शक्ति के जय, हमार अगला टारगेट मुकेश धीरूभाई अंबानी मुंबई बा। पत्र भेजने वाला के नांव मनोज शर्मा पिता रामेश्वर दयाल शर्मा। पता- बालाजी विहार गुढ़ी गुढ़ा का नाका कंपू लश्कर।

मंदिर प्रबंधन के मुताबिक फिलहाल ए चिट्ठी के जांच कइल जाता। मंदिर के पीआरओ राजेश पराशर बतवले कि मुकेश अंबानी से जुड़ल एगो चिट्ठी मिलल बा जवना पs चर्चा भइल। उऽ अबहीं ले ओह चिट्ठी के ध्यान से नइखन देखले। अध्यक्ष से चर्चा के बाद एह संबंध में उचित फैसला करीहें। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

मंदिर में चंदा के डिब्बा में मिलल रकम गिने के काम चलत रहे। पईसा के संगे चंदा के डिब्बा में भारी संख्या में गहना आ सांप के जोड़ी भी मिलल बा। श्रद्धालु लोग के बहुत चिट्ठी मिलल जवना में भगवान के आपन मनोकामना पूरा करे खातिर धन्यवाद दिहल गइल। अइसना में चिट्ठी के बीच एगो डाक टिकट के कागज मिलल जवना में मुकेश अंबानी के धमकी दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]