[the_ad_group id="30365"]

एक गलती आ थानादार गंवा देले नौकरी, जवना थाने पऽ रहलें तैनात, ओहिजा के पुलिस भेजलस जेल; जानी का बा पूरा मामला 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorkhpur news: व्यापारी के 50 लाख रूपिया हड़पे वाला निलंबित दारोगा के आवास से साेमार के देर रात कोतवाली थाना पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम 44 लाख रूपिया बरामद कइलस। व्यापारी के सनहा पऽ मंगर के दिने सुबह चोरी जालसाजी कर के रूपिया हड़पे के धमकी आ भ्रष्टाचार करे के मुकदमा दर्ज कर के बलिया के रहें वाला आरोपित दारोगा आलोक सिंह आ गोरखनाथ क्षेत्र में रहे वाला उनकर साथी प्रिंस के गिरफ्तार कर लिहल गइल।

गोरखपुर। वारदात के अंजाम देला के बाद दरोगा तीन दिन से बेनीगंज पुलिस चौकी में रूपिया रख के ओकरा के खपावे के योजना बनावत रहलें। एही बीच व्यापारी जब रूपिया वापस करे ले अर्जी लेके आवस तऽ जेल भेजे के धमकी देके लौटा देस। डर के वजह से तीन दिन ले पीड़ित व्यापारी चुप रहले। भेद खुलला पऽ ओही कोतवाली थाना से जेल भेजल गइल उऽ जनसुनवाई करत रहलें।

सोमार के घटना के जानकारी भइला पऽ एसपी सिटी पुलिस चौकी पऽ पहुंचले। घटना के संबंध में पूछताछ कइला पऽ आलोक सिंह इन्कार कऽ देले। व्यापारी नवीन श्रीवास्तव पऽ साजिश रचे के आरोप लगावत बतवलस कि जालसाजी के एगो मुकदमे में उऽ पैरवी करत रहलें।

बात ना मानला पऽ झूठा आरोप लगा के बदनाम करत रहलें, बाकिर सिपाहियन से बात कइल गइल तऽ भेद खुल गइल। चेकिंग में रूपिया पकड़ाए जाए के खबर के पुष्टि भइल । एकरा बाद दारोगा के हिरासत में लेके एसपी सिटी सख्ती देखवले तऽ आपन जुर्म स्वीकार कइले।

नवीन श्रीवास्तव के चौकी पऽ बोला के आमना-सामना करइला के बाद पूरा घटनाक्रम से पर्दा उठ गइल। सख्ती देखइला पऽ दारोगा पुलिस चौकी के भीतर स्थित अपना आवास से रूपिया बरामद करवले।

एसएसपी के निर्देश पऽ कोतवाली थाना पुलिस  मुकदमा दर्ज कऽ के निलंबित कइल गइल पूर्व चौकी प्रभारी आलोक सिंह आ उनकर सहयोगी प्रिंस श्रीवास्तव के गिरफ्तार कर लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]