[the_ad_group id="30365"]

Siwan News: DRCC में एक दिवसीय रोजगार कैंप के होई आयोजन, 100 पदन पs लिहल जाई बहाली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के DRCC में 14 सितंबर के एक दिवसीय रोजगार कैंप के आयोजन कइल जाई। एह रोजगार कैंप में चैतन्य इंडिया फिन क्रेडिट प्राइवेट लिमिटेड कंपनी के ओर से कस्टमर रिलेशनशिप एक्जीक्यूटिव के 100 पदन खातिर भरती लिहल जाई।

18 से 28 साल के अभ्यर्थी ले सकी लो भाग

सीवान के जिला नियोजन पदाधिकारी पिंकी भारती जानकारी देत बतवली की श्रम संसाधन विभाग के तत्वावधान में जिला नियोजनालय के ओर से रोजगार कैंप के आयोजन कइल जा रहल बा। नवहन के नौकरी देवे के उद्देश्य से हर महीना डीआरसीएस में रोजगार कैंप के आयोजन कइल जाला। अभी तक हजारन जुवक-जुवतियान के नौकरी दिहल जा चुकल बा।

ई कैंप दिन के 10:00 बजे से लेके सांझ के 4:00 बजे तक लागी। चयनित अभ्यर्थियन के छपरा, सीवान आ गोपालगंज में काम करे के होई। आवेदन करे वाला अभ्यर्थियन के उमिर 18 बरिस से लेके 28 बरिस तक होखे के चाहीं। चयनित अभ्यर्थियन के 11080 रुपिया वेतन एक संगे पांच हजार से 10 हजार तक इन्सेंटिव मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]