Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Earthquake in Katra: जम्मू कश्मीर में एक बेर फेर महसूस भइल भूकंप के झटका, जान माल के कवनो नुकसान ना

जम्मू कश्मीर के कटरा में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। एकरा पहिले लद्दाख में सनीचर के देर रात एक बेर फेर भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। पूर्वोत्तर लेह में रात करीब दु बजे भूकंप के झटका महसूस कइल गइल।

400

जम्मू आ कश्मीर के कटरा में अतवार के भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। रिक्टर पैमाना पs भूकंप के तीव्रता 4.1 रहल। भूकंप आज तड़के करीब 3:50 बजे आइल। भूकंप के केंद्र कटरा के 11 किमी के गहराई पs बतावल जा रहल बा।

एकरा पहिले लद्दाख के लेह में भूकंप के झटका महसूस कइल से गइल। पूर्वोत्तर लेह में आइल एह भूकंप के रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.1 रहल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के मोताबिक भूकंप रात 2 बजके 16 मिनट पs आइल। जानकारी के मोताबिक, एह भूकंप से कवनो तरे के जान-माल के नुकसान के खबर सामने नइखे आइल।

एकरा पहिले सनीचर के सांझ जम्मू कश्मीर आ लद्दाख में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। लद्दाख में आइल भूकंप के रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.5 रहल। ओहिजा, 10 मिनट के बाद जम्मू कश्मीर के डोडा जिला में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। रिक्टर स्केल पs तीव्रता 4.4 रहल।

भूकंप के दृष्टि से अत्यंत संवेदनशील जम्मू-कश्मीर

जम्मू-कश्मीर के पहाड़ी क्षेत्रन में सनीचर के फेर से भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। अबकी बेर भूकंप के केंद्र रामबन रहे। पांच दिन में जम्मू-कश्मीर में ई सातवां झटका बा। जम्मू-कश्मीर के भूकंप के दृष्टि से अत्यंत संवेदनशील मानल जाला। एक हफ्ता से खास कs के डोडा, किश्तवाड़ आ रामबन में ई झटका महसूस कइल जा रहल बा।

बियफे के पांच बेर महसूस भइल भूकंप के झटका

सनीचर के दुपहरिया दु बजके तीन मिनट पs आइल एह भूकंप के रिक्टर स्केल पs तीव्रता तीन मापल गइल बा आ एकर केंद्र रामबन में जमीन से नीचे पांच किलोमीटर पs बा। लगातार झटकन से लोग दहशत में बा।

एकरा पहिले मंगर के रामबन से सटल जिला डोडा आ कश्मीर घाटी के अलग-अलग हिस्सन में आइल भूकंप में छव मकान क्षतिगस्त हो गइल रहे आ दु गो लईकी जख्मी भइल रहे लो। एकरा बाद बियफे 14 जून के पांच बेर झटका महसूस कइल गइल।

570160cookie-checkEarthquake in Katra: जम्मू कश्मीर में एक बेर फेर महसूस भइल भूकंप के झटका, जान माल के कवनो नुकसान ना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.