[the_ad_group id="30365"]

जातीय जनगणना के मुद्दा पs पूरा ताकत के साथे लड़ी पार्टी : लालू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद कहले कि जातीय जनगणना के लड़ाई के अंजाम तक पहुंचावे के बा। राजद के एकर लड़ाई मजबूती आ होशियारी से लडे के बा। एह लड़ाई के भटके नइखे देवे के। हो सकत बा कि कुछ लोग समय के नजाकत के देखत अभी जातीय जनगणना खातिर रजामंद हो जाव। हमनी के ओह मंशा के भांपे के होई। हमनी के सतर्क रहे के होई। राजद सुप्रीमो ई बात मंगर के सांझ के राजद विधानमंडल दल के बैठक के संबोधित करत कहले। लालू पार्टी के नीतिगत निर्णय लेवे खातिर तेजस्वी यादव के अधिकृत कs देले बाड़े।

राजद नेता लालू प्रसाद कहले एमएलसी आ सब तरे के चुनावन में एकजुट होके रहे के होई। एकरा खातिर पार्टी के मजबूत करे के होई। ऊ दु टूक कहले कि जातीय जनगणना के मसला पs कवनो तरे के घालमेल ना होखे के चांही। ऊ कहले कि जातीय जनगणना सही ढंग से करावे खातिर राजद के समूचा प्रतिबद्धता के साथे आगे बढ़े के पड़ी। ऊ पार्टी के सदस्यता अभियान के प्रभावी ढंग से चलावे के कहले। एक करोड़ के लक्ष्य हासिल करे के बा।

हमनी के जातीय जनगणना करा के रहे के बा: तेजस्वी

नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि हमनी के जातीय जनगणना करा के रहे के बा। विधानमंडल के एह बैठक में बिहार विधान परिषद में विपक्ष के नेता राबड़ी देवी, प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह, शिवानंद तिवारी , डॉ रामचंद्र पूर्वे, उदय नारायण चौधरी, वृशिण पटेल , तेज प्रताप यादव, आलोक मेहता आदि मौजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]