[the_ad_group id="30365"]

मशरक थाना क्षेत्र के अलग-अलग गांवन में 09 लोगन पs विद्युत चोरी के प्राथमिकी दर्ज, जांच पड़ताल सुरू 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/प्रितम सिंह: विद्युत चोरी के विरुद्ध अभियान में विद्युत चोरी करत पावल गइल 09 लोगन के विरुद्ध मशरक थाना क्षेत्र के अलग-अलग गांव में पावल गइला पs मशरक थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल विद्युत अभियंता अभिषेक कुमार बतवलें कि अलग-अलग गांव में छापेमारी अभियान चलावल गइल।

एह छापेमारी अभियान में बहरौली गांव के मंटू कुमार साह पिता बहारन साह अवैध रूप से एलटी लाइन में टोका लगाके विद्युत ऊर्जा चोरी करत पावल गइला पs ₹7107 रूपिया के जुर्माना लगावल गइल। ओहि दिन गांव के मदन साह पिता गणेशा साह पs ₹23772 रूपिया, घोघिया के सुनील बैठा पिता मुसाहेब बैठा के विद्युत ऊर्जा चोरी करत पावल गइला पs, उनका पs विभाग द्वारा ₹21,840 रूपिया जुर्माना लगावल गइल।

एकरा अलावे खजूरी के धीरज कुमार सिंह पिता बृजमोहन प्रसाद पs ₹10,000 रूपिया, सेरुकहां गांव के संतोष पांडे पिता धर्मदेव पांडेय पs ₹35,824 रूपिया, ओहि गांव के स्वामीनाथ राय पिता रामेश्वर राय पs ₹37,858 रूपिया, ओहजा गंडामन गांव के विजय कुमार पिता शंकर शाह पs ₹3477 रूपया के जुर्माना कइल गइल। ममिला में थाना पुलिस प्राथमिकी दर्ज कs के जांच पड़ताल सुरू कs देले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]