[the_ad_group id="30365"]

Pankaj Tripathi : सिनेमा के परदा पs पंकज त्रिपाठी के धूम, बाकिर घर में मातम; एक्टर के माथा से उठल बाबूजी के साया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिनेमा के परदा पs फिलहाल धूम मचा रहल फिलिम ओह माय गॉड 2 के सबसे खास किरदार निभावे वाला बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी के घरे सोमार के एक झटका में मायूसी छा गइल। पंकज त्रिपाठी के बाबूजी बनारसी तिवारी के निधन हो गइल। पंकज बिहार के गोपालगंज से बाड़ें। उनकर बाबूजी बनारसी तिवारी गोपालगंज के बेलसंड में आखिरी सांस लेलें। पंकज अपना बाबूजी के टाइटल तिवारी के जगह अपना नाम के संगे त्रिपाठी लगावेलें।

रात 10 बजे गांव पहुंचिहें पंकज

पंकज त्रिपाठी के बाबूजी बनारसी तिवारी के उमिर 98 साल रहे। ऊ सरकारी शिक्षक रहस आ प्राचार्य के रूप में रिटायर भइल रहस। गोपालगंज में ऊ अपना पत्नी के संगे रहत रहलें। पंकज त्रिपाठी रात 10 बजे तक गोपालगंज में अपना गांव पहुंचिहें आ अंतिम क्रियाकर्म गांव से मंगर के सुरू होई।

पंकज त्रिपाठी गोपालगंज खातिर भइलें रवाना

पंकज के बाबूजी बनारस त्रिपाठी के निधन उनका पैतृक गांव बेलसंड में भइल बा। ग्रामीणन के कहनाम बा कि पंकज त्रिपाठी के बाबूजी बनारस त्रिपाठी उमिर संबंधी बेमारी से जूझत रहलें। पंकज त्रिपाठी आ उनका परिवार के लोग बनारस त्रिपाठी के मौत के लेके ऑफिशियली स्टेटमेंट जारी करत कहल कि “भारी मन से ई कंफर्म करे के पड़ रहल बा कि पंकज त्रिपाठी के बाबूजी पंडित बनारस तिवारी अब ना रहनी”। बनारस त्रिपाठी के अंतिम संस्कार सोमार के उनकर करीबी परिवार के बीच कइल जाई। पंकज त्रिपाठी गोपालगंज इस्थित अपना गांव खातिर निकल चुकल बाड़ें।

बाबूजी चाहत रहस डॉक्टर बनस पंकज 

पंकज त्रिपाठी अपना बाबूजी के बहुत नजदीक रहलें। एहिसे पंडित बनारस तिवारी के मुंबई के भाग-दउर भरल जिनगी पसंद ना रहे। ‘ओएमजी 2’ के एक्टर पंकज त्रिपाठी एगो इंटरव्यू में बतवलें रहस कि उनकर बाबूजी ना चाहत रहस कि ऊ अभिनय के आपन कैरियर बनावस। उनकर बाबूजी इनका के डॉक्टर बनावल चाहत रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]