Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

श्रीराम के तपोस्‍थली में गूंजत रहे ‘ऊं नम: शिवाय’, मौका पर पहुंचल पुलिस सुन के रह गइल दंग

349

मर्यादा पुरुषोत्‍तम श्रीराम के तपोस्‍थली, सृष्टि के रचनाकार ब्रह्माजी के यज्ञस्‍थली चित्रकूट के घनघोर जंगल में आजकल लोग के ‘ऊं नम: शिवाय’ के गूंज सुनाई दे रहल बा। स्‍थानीय चरवाहा लोग विंध्‍य पर्वत के चट्टान पर जब ‘ऊं नम: शिवाय’ लिखल देखलें त पुलिस के सूचना दिहलें। जब गाँव वालन के सूचना पर यूपी पुलिस मौका पर पहुंचल त मंत्र के ध्‍वनि सुन के अउर चट्टान पर मंत्र लिखल देख के दंग रह गइली। गाँव वाले बतवलें कि चित्रकूट के जंगल में उनके दू दिन से ऊं नम: शिवाय के ध्‍वनि सुनाई दे रहल बा।

चरवाहा जब मंत्र के ध्‍वनि के तरफ बढ़ल शुरू कइलें त ई देख के दंग रह गइलें कि एगो 15 साल के किशोरी सूनसान जंगल में बइठल जाप कs रहल बाड़ी। लोग के आश्‍चर्य भइल कि आज के भागदौड़ अउर चकाचौंध से भरल जिंदगी में एतना कम उमिर के कौनो किशोरी आपन घर-परिवार छोड के भगवान के आराधना में कइसे लीन हो सकsतड़ी। बता देईं कि विंध्‍य पर्वत के घनघोर जंगल में हर समय सन्‍नाटा पसरल रहsला। कबो कभार चरवाह लोग अपने जानवरन के चरावत चाहे जोहत एह जंगल में पहुंचेने। अइसे में एगो लड़की के इहां बइठ के तपस्‍या कइल केहुओ के चौंका देई।

कड़ाका के ठंडी में जंगल में तपस्‍या कs रहल बाड़ी किशोरी

चरवाहन के सूचना पs जब पुलिस घन जंगल में पहुंचल त किशोरी के साधना में लीन देख के भौंचक रह गइल। जइसे-जइसे जंगल में एगो किशोरी के तपस्‍या करे के खबर फइलल, आसपास के गाँव वाले वन क्षेत्र में जुटत चल गइलें। जानकारी के मुताबिक, चित्रकूट के बहिलपुरवा थाना क्षेत्र के सती अनुसुईया आश्रम के नजदीक रामनगर पहाड़ पर सनीचर साँझ 15 साल के एक किशोरी तपस्या के स्थिति में मिलली। किशोरी पहाड़ के कई चट्टान पर ओम नमः शिवाय लिखली अउर एही मंत्र के जाप कइल शुरू कs दिहली। कड़ाका के ठंड में किशोरी 2 दिन से जंगल में तपस्या करत रहली। चरवाहे देखनें सब कि पुलिस के सूचना दिहलें त बहिलपुरवा थाना पुलिस टीम पहाड़ पs पहुंचल।

सिद्धि के लग्गे बा एगो शॉल अउर पानी के बर्तन

पुलिस किशोरी के कई घंटा ले मान मनोव्‍वल कइलस, तब जा के किशोरी थाना जाए के तइयार भइली। बाद में किशोरी आपन नाम सिद्धि बतवली। ऊ बतवलें कि ऊ प्रयागराज के रहे वाली हई। ऊ अपने पिता के नाम विष्णु अउर माता के नाम लक्ष्मी बतवले बाड़ी। उनके पास 1 शॉल अउर एगो पानी पीए के बर्तन मिलल बा। थाना अध्यक्ष गुलाब सोनकर बतवलें कि किशोरी के बारे में कुछ जानकारी त मिलल बा लेकिन पुष्टि नइखे हो पावत।

417540cookie-checkश्रीराम के तपोस्‍थली में गूंजत रहे ‘ऊं नम: शिवाय’, मौका पर पहुंचल पुलिस सुन के रह गइल दंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.