[the_ad_group id="30365"]

ओडिशा: सुंदरगढ़ के सीमेंट फैक्ट्री में बड़ हादसा, 8 मजदूर फंसले; 63 के बचावल गइल

सुंदरगढ़ के सीमेंट फैक्ट्री में बड़ हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा के सुंदरगढ़ जिला में सीमेंट फैक्ट्री में एगो बड़हन हादसा हो गइल बा. बतावल जाता कि फैक्ट्री के भीतर लोहा के ढांचा ढह गईल बा। जवना के नीचे 8 मजदूर अबे ले फंसल बाड़े। अबे ले 63 लोग के बचाव हो चुकल बा। सीमेंट फैक्ट्री में जब इs लोहा के ढांचा गिर गईल तs बहुत लोग उहाँ काम करत रहले। फिलहाल बचाव के काम चलता, ताकि दबल लोग के जल्दी से जल्दी बचावल जा सके।

लोहा के ढांचा के नीचे मजदूर कईसे दबल हो गईले?

एह कारखाना में क्रेन आ एम्बुलेंस चहुँप गइल बा जेहसे कि फंसल लोग के बचावल जा सके. सूचना मिलला के बाद स्थानीय पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी मलबा के हटावे में मदद करतिया। राजगांगपुर थाना प्रभारी निरीक्षक एम. प्रधान कहले कि, ‘लोहा के बड़ संरचना ‘कोल हॉपर’ अचानक गिर गईल। हम अबे मौका पs बानी। क्रेन के मदद से मलबा हटावल जा रहल बा। अबहीं ले कवनो तरह के जानमाल भा चोट के खबर नइखे मिलल. बाकिर, हमनी के शक बा कि कुछ मजदूर मलबा के भीतर फंसल हो सकतारे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: डिनर कइले के बाद जरूर करीं इs काम,धीरे-धीरे कम हो जाई राउर वजन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]