[the_ad_group id="30365"]

बिहार: स्वतंत्रता दिवस समारोह में नाहीं मिलल रसगुल्ला तs छात्र टीचर्स के दउड़ा-दउड़ा के कइले पिटाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

बिहार के बक्सर में स्वतंत्रता दिवस के मौका पs एगो सरकारी स्कूल के छात्रन मिठाई ना मिलला पs एतना नाराज हो गईले कि उs लोग दौड़ा- दौड़ा के शिक्षक के मरले। मुरार थाना क्षेत्र के एगो हाई स्कूल में भईल इs घटना।

दरअसल हाई स्कूल में स्वतंत्रता दिवस के मौका पs झंडा फहरावे के बाद छात्र के बीच रसगुल्ला के वितरण भी होखत रहे। स्कूल प्रबंधन परिसर के भीतर छात्र के मिठाई देत रहे, जवना के बाद परिसर के बहरी खड़ा छात्र रसगुल्ला देवे के मांग कईले।

एकरा बाद शिक्षक लोग के कुछ बात से छात्र नाराज हो गईले अवुरी विवाद एतना बढ़ गईल कि मामला झगड़ा के स्तर ले पहुंच गईल। खिसियाइल छात्र स्कूल के कुछ शिक्षक के मरले।

एह घटना के जानकारी देत ​​मुरार थाना प्रभारी कमल नारायण पाण्डेय बतवले कि स्कूल परिसर में झंडा फहरावे के दौरान मिठाई के लेके झगड़ा हो गईल। उनुका जानकारी मिलल कि स्कूल में भारी संख्या में लोग जुटल बा अवुरी मिठाई के लेके झगड़ा होखता।

पुलिस शिक्षक अवुरी हेडमास्टर के थाना में बोलवलस

अयीसना में जब हाई स्कूल के हेडमास्टर मनोज कुमार से बात भईल तs उs बतवले कि छात्र बाहर से मिठाई के मांग करत रहले, बाकिर मिठाई ना दिहल जात रहे। अयीसना में छात्र के बीच झड़प हो गईल। स्कूल के कुछ शिक्षक जब घरे जात रहले तs बहरी खड़ा छात्र बदसलूकी कइले। उs कहले कि पूरा मुद्दा पs विद्यालय के शिक्षक अवुरी हेडमास्टर के थाना में बोलावल गईल बा अवुरी पूरा मामला के जानकारी मिलला के बाद पुलिस आगे के कार्रवाई करी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]