आत्मनिर्भर योजना के उद्देश्य नवहन के आत्म निर्भर बनावल : जिला विकास अधिकारी रवि शंकर राय 

Share

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह। देवरिया के ग्राम पंचायत चकरा उपाध्याय में आत्मनिर्भर निर्भर योजना के अंतर्गत ग्रीनवर्क वेलफेयर सोसायटी गोरखपुर के तत्वावधान से ग्रीनवर्क वेलफेयर सोसायटी के उद्घाटन जिला विकास अधिकारी रवि शंकर राय कइलें।

संचालन कs रहल सचिन जयसवाल बतवलें कि एकर उद्देश्य प्राकृतिक खेती जागरूकता प्रशिक्षण आ कृषि विकास गतिविधियन में प्राकृतिक उत्पाद के भंडारण से रोजगार प्रोत्साहन खातिर लघु आ कुटीर उद्योग के स्थापना आउर संरक्षण कइल बा।

अतिथि जिला विकास अधिकारी रवि शंकर राय ग्रामीणन के संबोधित करत कहलें कि प्राकृतिक खेती के तरफ आपन धेयान केंद्रित करीं, जवना से हमनी के जैविक खेती गोबर खाद बनाके आ एकर मार्केटिंग कइसे कइल जाव। एसे ग्रामीण इलाकन के नवहन के रोजगार खातिर नया अवसर उपलब्ध करावल जाई।

इस कार्यक्रम के आयोजन समिति के अध्यक्ष अनूप कुमार गुप्ता, उपाध्यक्ष हरिंदर यादव आ सचिव अजय दुबे रहलें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-