WhatsApp यूजर्स के मिली नया फीचर, अब मोबाइल के जगह ई-मेल आईडी से कs सकेले लॉगिन

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2023

  शायदे कवनो दिन बीतत होई जब व्हाट्सएप के अपडेट अवुरी फीचर के लेके कवनो खबर ना आवे। अपना लाखों यूजर खाती व्हाट्सएप लगातार अपना प्लेटफॉर्म के अपडेट करत रहेला अवुरी नाया फीचर भी लेके

Share

 

शायदे कवनो दिन बीतत होई जब व्हाट्सएप के अपडेट अवुरी फीचर के लेके कवनो खबर ना आवे। अपना लाखों यूजर खाती व्हाट्सएप लगातार अपना प्लेटफॉर्म के अपडेट करत रहेला अवुरी नाया फीचर भी लेके आवेला। अब कंपनी एंड्रॉयड अवुरी आईओएस यूजर खातीर एगो नाया फीचर ले आवे वाली बिया। अबे ले व्हाट्सएप के इस्तेमाल करे खातिर मोबाइल नंबर के जरूरत रहे, लेकिन ए नाया फीचर में आप सिर्फ आपन जीमेल आईडी से अपना खाता में लॉगिन कs सकेनी।

यूजर के प्राइवेसी अवुरी डाटा सुरक्षा के ध्यान में राखत व्हाट्सएप एगो नाया फीचर लेके आवे वाला बा। एहमें रउरा आपन जीमेल अकाउंट के माध्यम से व्हाट्सएप एक्सेस कs सकीलें। हालांकि एकरा खातीर आपके जीमेल खाता से आपन व्हाट्सएप के सत्यापन करे के होई। माने कि जब आप जीमेल से व्हाट्सएप में लॉगिन करब तs पहिले जीमेल पs ओटीपी मिल जाई अवुरी ओकरा बाद ही आप ओकरा के एक्सेस कs सकेनी।

वाबेटाइंफो बड़हन जानकारी दिहलस

व्हाट्सएप के ए आवे वाला फीचर के बारे में जानकारी कंपनी के अपडेट पs नजर राखेवाली वेबसाइट वाबेटाइंफो देले बिया। फिलहाल कुछ बीटा यूजर्स खातीर इ फीचर रोल आउट कईल गईल बा। यूजर के व्हाट्सएप सेटिंग के भीतर जीमेल के माध्यम से खाता में लॉगिन करे के विकल्प मिली। अगर रउआ अब एह फीचर के इस्तेमाल करे के बा तs रउआ गूगल प्ले स्टोर से बीटा वर्जन डाउनलोड कs सकेनी।

बता दीं कि जीमेल लॉगिन विकल्प शुरू भइला का बाद मोबाइल नंबर आधारित लॉगिन के विकल्प ना चली. कंपनी अपना यूजर के व्हाट्सएप लॉगिन के एगो अवुरी विकल्प दे रहल बिया। जबसे व्हाट्सएप आईल बा तब से यूजर के लगे मोबाइल नंबर से लॉगिन करे के एकमात्र विकल्प बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.