रेलवे अब ना चलाई सोलर ट्रेन, जानीं का बा वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 8, 2022

देस में सोलर ट्रेन के कल्पना के फिलहाल रेलवे ने ब्रेक लगा देले बा। रेलवे समय-समय पर नया-नया तरीका से खुद में बदलाव कsके यात्रियन के बेहतर सुविधा देवे के प्रयास कर रहल बा। अइसन

Share

देस में सोलर ट्रेन के कल्पना के फिलहाल रेलवे ने ब्रेक लगा देले बा। रेलवे समय-समय पर नया-नया तरीका से खुद में बदलाव कsके यात्रियन के बेहतर सुविधा देवे के प्रयास कर रहल बा। अइसन से रेलवे के एही प्रयास में सोलर ट्रेन माने सौर ऊर्जा से चले वाला ट्रेन के रेलवे भविष्य के ट्रेन के तौर पर लोगन के सामने रखले रहे। बता दीं कि रोजाना दिल्ली के सराय रोहिल्ला स्टेशन से हरियाणा के फारुख नगर स्टेशन के बीच सोलर ट्रेन के सुरू कइल गइल रहे। एह ट्रेन के आठ डिब्बन पर 16 गो सोलर पैनल लगावल गइल बा। दुनिया में अइसन पहिला बेर भइल रहे जब सोलर पैनलन के इस्तेमाल रेलवे में ग्रिड के रूप में कइल गइल रहे।

सर्दियन में ना काम करेला सिस्टम

अइसन में अब रेलवे फिलहाल भविष्य में नया सोलर ट्रेन के प्लानिंग पर रोक लगा देले बा। रेल मंत्री सदन में अबकी बेर में पूछल गइल एगो सवाल के जवाब कहलें कि फिलहाल रेलवे के बेड़ा में सोलर ट्रेन सामिल करे के कवनो प्रस्ताव नइखे। सौर प्रणाली दिन के समय काम करेला आ लगभग 4 से 5 घंटा के बैटरी बैकअप उत्पन्न करेला। धुंध/बरखा आ सर्दी के मौसम में सिस्टम ठीक से काम नइखे करत बा आ मौसम के इस्थिति के आधार पर बैटरी बैकअप 2 से 3 घंटा तक कम हो जाला। एहिसे, सिस्टम के आगे नइखे बढ़ावल गइल।

वैकल्पिक ऊर्जा पर काम कर रहल बा रेलवे

रेलवे पिछिला कुछ समय से वैकल्पिक ऊर्जा पर लगातार काम कर रहल बा, ग्रीन एनर्जी के कइसे रेलवे के प्रारूप में जोड़ल जाव ओकरा के लेके लगातार काम चल रहल बा। सौर पैनल आ रेलवे स्टेशन पर सौर ऊर्जा के प्रयोग में पिछला कुछ समय से लगातार तेजी आइल बा, बाकिर सौर ऊर्जा से चले वाला ट्रेन के भविष्य अभी अधर में जात दिख रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.