[the_ad_group id="30365"]

अब प्रदूषण जांच के वीडियो बनावल अनिवार्य: VAHAN पोर्टल पs अपलोडो करे के होई, गड़बड़ी के शिकायत के बाद सरकार के फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अब देसभर में पॉल्यूशन अंडर कंट्रोल माने PUC सर्टिफिकेट देला से पहिले जांच केंद्रन के टेस्ट के कम से कम 10 सेकेंड के वीडियो बनावे के होई। जेमे गाड़ी के नंबर प्लेट सहित पॉल्यूशन टेस्ट के पूरा प्रोसेस देखावे के होई। संगही, रिकॉर्डेड वीडियो सरकार के वाहन (VAHAN) पोर्टल पs अपलोडो करे के होई।

परिवहन विभाग ई फैसला PUC सर्टिफिकेट जारी करे में गड़बड़ी के शिकायत के बाद लेले बा। दरअसल, देसभर से कइयन PUC सेंटर्स के खिलाफ शिकायत आवत रहे कि ऊ जरूरी जांच कइले बिना सर्टिफिकेट इश्यू कs रहल बा। ओहिजा कइयन शिकायतन में इहो देखल गइल कि सेंटर्स कइयन बेर बिना जांच कइले सर्टिफिकेट इश्यू कs देत बा।

VAHAN पोर्टल के सरकार कs रहल बिया अपडेट

मिनिस्ट्री ऑफ रोड ट्रांसपोर्ट एंड हाइवेज (MoRTH) ई-सर्विस देवे वाला वाहन (VAHAN) पोर्टल में वीडियो अपलोड करे के सुविधा देवे खातिर जरूरी मॉडिफिकेशन कs रहल बा। विभाग एक साल खातिर PUC सर्टिफिकेट जारी करेला।

एक हफ्ता में सुरू हो सकत बा नया व्यवस्था

रिपोर्ट्स के मोताबिक अगर सब कुछ ठीक रहल तs ई बेवस्था आवे वाला एक से दु हफ्ते में सु रू हो जाई। मोटर व्हीकल एक्ट के मोताबिक देस में गाड़ी चलावे खातिर PUC सर्टिफिकेट लिहल अनिवार्य बा। ई सर्टिफिकेट गाड़ियन से निकले वाला एग्जॉस्ट गैस के जांच कइला के बाद दिहल जाला।

PUC सर्टिफिकेट कइसे बनावाईं?

  • आपन गाड़ी लेके नजदीकी एमिशन टेस्टिंग सेंटर जाईं।
  • इहां टेस्टिंग ऑपरेटर राउर गाड़ी के एग्जॉस्ट पाइप में टेस्टिंग डिवाइस डालके निकले वाला धुआं के जांच करी।
  • एह पूरा प्रक्रिया के वीडियो राउर गाड़ी के नंबर प्लेट के संगे करी।
  • 10 सेकेंड के एह वीडियो के ऊ E-VAHAN पोर्टल पs अपलोड करी।
  • एकरा बाद रीडिंग के आधार पs राउर पॉल्यूशन सर्टिफिकेट जारी कs दी।
  • एह सर्टिफिकेट के रउआ ऑनलाइनो डाउनलोड कs सकत बानी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]