[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में अब QR-code से नया स्मार्टफोन में ट्रांसफर हो जाई पूरा चैट, नाहीं लेवे के पड़ी बैकअप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

व्हाट्सएप क्यूआर कोड चैट ट्रांसफर : आजु के समय में लगभग सभे व्हाट्सएप के इस्तेमाल करेला। पूरा दुनिया में व्हाट्सएप के प्लेटफार्म पs करोड़ों लोग बाड़े। इहे कारण बा कि कंपनी यूजर खातीर व्हाट्सएप पs नाया फीचर लेके आवत रहेले। व्हाट्सएप में अब एगो नाया फीचर आईल बा, जवना के मदद से रउरा आसानी से आपन चैट ट्रांसफर क सकतानी।

चैट ट्रांसफर प्रक्रिया के आसान बनावे खातिर व्हाट्सएप क्यूआर कोड आधारित लोकल डाटा ट्रांसफर फीचर लॉन्च कईले बा। ए फीचर के मदद से अब आप कुछ आसान स्टेप के पालन क के अपना पुरान फोन के चैट हिस्ट्री के अपना नयका फोन में ट्रांसफर क सकतानी। अगर आप कवनो नाया स्मार्टफोन खरीदे वाला बानी त इ फीचर आपके बहुत मददगार होखे वाला बा।

मेटा के सीईओ मार्क जुकरबर्ग व्हाट्सएप के क्यूआर कोड आधारित लोकल डाटा ट्रांसफर फीचर के बारे में जानकारी देले। चैट ट्रांसफर करे खातिर बस आपके नयका स्मार्टफोन पs पुरान क्यूआर कोड स्कैन करे के होई अवुरी पलक झपकते पूरा चैट ट्रांसफर हो जाला।

व्हाट्सएप चैट ट्रांसफर करत घरी आपके ध्यान राखे के होई कि नाया स्मार्टफोन अवुरी पुरान स्मार्टफोन के ऑपरेटिंग सिस्टम एकही होखे के चाही। अगर ऑपरेटिंग सिस्टम अलग बा त रउरा चैट के ट्रांसफर ना कs पइब।

QR-code से अइसे ट्रांसफर होइ चैट

•सबसे पहिले त आपन पुरान स्मार्टफोन में व्हाट्सएप में लॉगिन करे के होई।

•अब सेटिंग्स में जाके चैट्स पs क्लिक करीं।

•अब रउरा चैट में नया चैट ट्रांसफर के विकल्प देखाई दिही।

•चैट ट्रांसफर विकल्प पs क्लिक करीं।

•अब रउरा एगो क्यूआर कोड देखाई दि।

•अब नया स्मार्टफोन के व्हाट्सएप से इ क्यूआर कोड स्कैन क के रउरा आसानी से चैट ट्रांसफर कs सकतानी।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]