[the_ad_group id="30365"]

टॉप-20 में सामिल कुख्यात अपराधी गिरफ्तार : 20 हजार के इनामी बदमाश 8 साल से फरार चलत रहे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के टॉप-20 अपराधियों में सामिल कुख्यात बदमाश के पुलिस आठ साल बाद गिरफ्तार कइले बिया। गिरफ्तार कइल गइल अपराधी के पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। गिरफ्तार अभियुक्त के पहचान सीवान के जीबी नगर थाना क्षेत्र के चाचोपाली नवकाटोला गांव निवासी परशुराम सिंह के बेटा अमरेंद्र कुमार सिंह उर्फ करिमन के रूप में कइल गइल बा।

एह ममिला में SP स्वर्ण प्रभात बतवलें कि जिपा के TOP-20 अपराधियन में सामिल आ डकैती कांड में वांछित अपराधी अमरेंद्र उर्फ करीमन महमदपुर थाना क्षेत्र के रहे वाला हs। जवन डकैती कांड ममिला में पिछला आठ साल से फरार चलत रहे। एकरा गिरफ्तारी खातिर 20 हजार रुपिया के इनाम जिला पुलिस कावर से घोषित कइल गइल रहे।

ओकर गिरफ्तारी बिहार STF के विशेष टीम आ गोपालगंज जिला पुलिस के सहजोग से सीवान के जीबी नगर थाना क्षेत्र से कइल गइल बा। गिरफ्तार अपराधी के खिलाफ सीवान, छपरा आ गोपालगंज जिला के अलग-अलग थाना में लूट के कइयन गो कांड दर्ज बा। फिलहाल पुलिस गिरफ्तार अभियुक्त से पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]