[the_ad_group id="30365"]

रक्तदान:  फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया के ओर से स्वैच्छिक रक्तदान शिविर के भइल आयोजन

फीता काटके रक्तदान शिविर के उद्घाटन करत अतिथि लोग
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण। फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया के ओर से दिवाली आ छठ के पहिले सदर अस्पताल के ब्लड बैंक में स्वैच्छिक रक्तदान शिविर के आयोजन कइल गइल। शिविर के उद्घाटन रामकृष्ण मिशन आश्रम के सचिव स्वामी अतिदेवानंद महाराज, सदर अस्पताल छपरा के उपाधीक्षक आर एन तिवारी, अध्यक्ष मंटू कुमार यादव, राज्य संयोजक दीपक कुमार पांडे आ सचिव रणजीत कुमार संयुक्त रूप से फीता काटके कइल लो।

एह अवसर पs स्वामी अतिदेवानंद महाराज कहलें कि रक्तदान कइल एगो सच्चा सेवा बा। जदि केहू के कपड़ा आ खाना दान देत बा तs कुछे समय खातिर रहेला, बलुक जब खून देला तs जिनगी भर ओकरा रगन में दउड़ेला, एहिसे सभे के रक्तदान करे के चाहीं। ओहिजा, सदर अस्पताल के उपाधीक्षक आर एन तिवारी कहलें कि रक्तदान से केहू के तरे के कमजोरी ना होला बलुक ऊ स्वस्थो रहेला।

रक्तदान शिविर में शिक्षाविद सचिन तिवारी रक्तदान करत कहलें कि रक्तदान है प्राणी पूजा एकरा जइसन दान ना दूजा। ओहिजा संस्था अध्यक्ष मंटू कुमार यादव रक्तदान करत कहलें कि रक्तदान कि एगो व्यक्ति के जान तs बचइबे करेला बलुक संगे-संगे में कुछ व्यक्ति के जिनगी से जुड़ल आउर परिवारजनन के आशा के जिंदा रखेला, काहेकि ई कवनो रक्तदाता के पता ना होला कि ओकरा ई पता ना होला कि दान कइल गइल रक्त केतना जरूरतमंद व्यक्ति के मिल रहल बा। रक्तदान कs के दूसरा के जान बचावल मानव के पहिला धर्म हs। एमे सभे के आगे आवे के चाहीं। संजय कुमार राय कहलें कि एगो यूनिट रक्त तीन व्यक्तियन के जान बचा सकत बा, एकरा से जादे पुण्य के काम नइखे हो सकत।

रक्त दान करे में मुख्य रूप से सचिन तिवारी, संजय कुमार राय, कुंदन कुमार, ओम प्रकाश सिंह, प्रमोद कुमार यादव, मंटू कुमार यादव, अनुज कुमार, पीयूष कुमार, शिविर के सफल बनावे में सचिव रणजीत कुमार, राज्य संयोजक दीपक कुमार पांडे, कोषाध्यक्ष प्रिंस कुमार, जिला संयोजक मुक्तेश्वर पंडित, रूपेश कुमार निषाद, जैकी कुमार, तान्या मेहता, अर्पिता राज आ खुशी कुमारी सहित दर्जनन सदस्य उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]