छपरा-थावे रेलखंड पs ट्रेनन के संचालन सामान्य भइल : 15 दिनन तक पैसेंजर ट्रेनन के कमी जूझत रहे लोग, गोरखपुर-पटना के बीच यात्रा में सहूलियत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 19, 2024

नया साल के दूसरका सप्ताह में छपरा-थावे रेलखंड पs यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर निम्मन खबर बा। एह रेलखंड पs 9 जनवरी से स्थगित पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन फेर से सुरू कs दिहल गइल बा।

Share

नया साल के दूसरका सप्ताह में छपरा-थावे रेलखंड पs यात्रा करे वाला यात्रियन खातिर निम्मन खबर बा। एह रेलखंड पs 9 जनवरी से स्थगित पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन फेर से सुरू कs दिहल गइल बा। अइसन में अब एह रेलखंड के स्टेशनन पs आवे-जाये खातिर यात्रियन के फेर से सुविधा मिले लागल बा। गोरखपुर आ पटना के बीच यात्रा में सहूलियत मिली।

रेलखंड पs चले वाली चार पैसेंजर ट्रेनन में से दुगो पैसेंजर ट्रेनन के परिचालन दो जनवरी से स्थगित कइल गइल बा। जबकि दुगो पैसेंजर ट्रेन नौ जनवरी से ना चलत रहे 15 दिनन तक पैसेंजर ट्रेनन के कमी से जूझ रहल यात्रियन के परेसानी बढ़ गइल रहे। खास कs के रेलवे हॉल्ट से यात्रा करे वाला यात्रियन के वैकल्पिक बेवस्था करे के पड़त रहे।

इंटरलॉकिंग कार्य के चलते ट्रेनन के संचालन भइल रहे प्रभावित

छपरा कचहरी आ छपरा जंक्शन के बीच तीसरका लाइन के कमिसिंग आ नॉन इंटरलॉकिंग कार्य के लेके एह रेलखंड पs चले वाली मेमू ट्रेन सहित आउर एक्सप्रेस आ पैसेंजर ट्रेनन के एक-एक कs के रद्द कs दिहल गइल रहे। एह कारण छपरा कचहरी आ थावे जंक्शन होके यात्रा करे वाला यात्रियन के सड़क मार्ग से यात्रा करे के मजबूरी बन गइल रहे। 15 जनवरी के इंटरलॉकिंग कार्य के सीआरएस ट्रायल होखला के बाद अब सब ट्रेनन के परिचालन धीर-धीरे सामान्य हो जाई।

अभी खाली हफ्ता में तीन दिन चली गोरखपुर पाटलिपुत्र ट्रेन

गोपालगंज आ सारण के उत्तरी क्षेत्र के राजधानी पटना से जोड़े वाली एकमात्र ट्रेन पाटलिपुत्र के संचालन में कटौती कइल गइल बा।

28 फरवरी तक गोरखपुर जंक्शन से पाटलिपुत्र तक जाये वाला वाली पाटलिपुत्र एक्सप्रेस ट्रेन फिलहाल सप्ताह में तीन दिन चलावल जा रहल बा। कुहासा के कारण एह ट्रेन के परिचालन अनियमित कइल गइल बा। 28 फरवरी के बाद ई ट्रेन फेर नियमित कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.