[the_ad_group id="30365"]

मैनपुरी में ओम प्रकाश राजभर के पार्टी के उम्मीदवार सहित एह 7 प्रत्याशियन के नामांकन रद्द, जानीं रामपुर आ खतौली के हाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस में एक लोकसभा आ दु विधान सभा सीटन प हो रहल उपचुनाव में सुक के नामांकन पत्रन के जांच भइल। एह जांच में मैनपुरी लोकसभा सीट प सात उम्मीदवारन के नामांकन पत्र अलग-अलग खामियन के वजह से रद्द क दिहल गइल।

एमे ओम प्रकाश राजभर के पार्टी सुभासपा के उम्मीदवार के पर्चा सामिल बा। अब एह सीट प कुल छह उम्मीदवार बचल बा लो। नामांकन वापस लेवे के आखिरी तारीख 21 नवम्बर बा। सुक के मैनपुरी उपचुनाव में जवना उम्मीदवारन के नामांकन रद्द भइल, ओमे वोटर्स पार्टी इण्टरनेशनल के उर्मिला देवी, भारतीय किसान परिवर्तन पार्टी के कपिन्नजाल, सुखदेव भारतीय समाज पार्टी के रमाकांत कश्यप, निर्दलीय महेश चन्द्र शर्मा, शिव समाज जनता पार्टी के सुनील कुमार मिश्र आ निर्दलीय रामकुमार सामिल बा लो।

मुजफ्फरनगर के खतौली विधानसभा सीट के उपचुनाव में कुल 14 उम्मीदवार नामांकन दाखिल कइले बा लो आ सुक के भइल जांच में एमे से केहूओ के नामांकन रद्द नइखे भइल। रामपुर विधान सभा सीट प सुक के कुल 11 उम्मीदवार नामांकन पत्र दाखिल कइल लो। एह तरे अब एह सीट प कुल 14 उम्मीदवार हो गइल बा लो। एह सीट प दाखिल पर्चन के जांच सनीचर के कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]