[the_ad_group id="30365"]

नोएडा में ब्रह्मकुमारी आश्रम के जमीन के लेके भू-माफिया कुल संचालकन पs कइलस हमला, महिला लो भाग के बचवली जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नोएडा के सोरखा में स्थित ब्रह्मकुमारी आश्रम के जमीन पs अवैध तरीका से कब्जा करे आईल भूमि माफिया आश्रम के संचालक पs हमला कइले । आरोपी ब्रह्मकुमारी आश्रम के महिला के संगे दुर्व्यवहार कईले अवुरी मारपीट के कोशिश कईले। संचालक आ मेहरारू भाग के आपन जान बचा लिहले। पुलिस सेक्टर-113 पुलिस एs मामिला में एगो आरोपी के गिरफ्तार कs लेले बिया। दोसरा आरोपियन के गिरफ्तारी खातिर पुलिस के छापामारी जारी बा.

एह मामिला के बारे में विस्तार से जानीं

पीड़ित लोग के मुताबिक सोरखा गांव के ब्रह्म कुमारी आश्रम से ध्यान केंद्र खोले खातीर जमीन लिहल गईल। ब्रह्म कुमारी आश्रम के संचालक ध्यान केंद्र में आईल सर्फाबाद निवासी सुरेंद्र यादव से बात कईले। एकरा बाद सुरेंद्र जी जमीन खातिर विकास यादव आ सुरेश यादव से उनकर परिचय करवले। ओकरा बाद जमीन के बदले 35 लाख रुपिया ले लिहले अवुरी पावर ऑफ अटॉर्नी भी देले।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]