[the_ad_group id="30365"]

31 मार्च तक ना रही कवनो छुट्टी, अतवारो के खुलल रही बैंक, RBI जारी कइलस ई आदेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के सब बैंकन के ब्रांच अबकी बेर अतवारो के खुलल रही। एकरा के लेके आरबीआई आदेसो जारी कइले बा। एह आदेस में कहल गइल बा कि, देस के सब बैंकन के ब्रांच फाइनेंशियल ईयर खतम होखे तक माने 31 मार्च तक खुलल रही। एकरा बाद 2 दिन माने 1 और 2 अप्रिल के बैंकन में कामकाज ना होई।

दरअसल, RBI कहलस कि 31 मार्च के फाइनेंशियल ईयर 2022-23 खतम हो जाई। सरकार से जुड़ल सब ट्रांजैक्शंस एह तारीख तक सेटल हो जाये के चाहीं। अइसन में RBI कहलस कि, नेशनल इलेक्ट्रॉनिक फंड्स ट्रांसफर (NEFT) आ रियल टाइम ग्रॉस सेटलमेंट (RTGS) सिस्टम के माध्यम से होखे वाला ट्रांजैक्शंस 31 मार्च के रात 12 बजे तक जारी रही। हालांकि, ग्राहकन खातिर एह दिन बैंकन में कामकाज ना होई। बाकिर, बैंक ब्रांच में चेक जमा हो सकी। संगही एह दिन ऑनलाइन बैंकिंगो के खोलल रखल जाई।

मालूम होखे कि, वित्त वर्ष 2022-2023 समाप्त होखे में अब कुछे दिन शेष रह गइल बा। अगिला महीना के पहिला दिने माने 1 अप्रिल के संगही नया फाइनेशियल ईयर के सुरुआत हो जाई। एकरा पहिले मार्च महीना में सारा अकाउंट के हिसाब किताब होला, फेर एकरा के क्लोज कs दिहल जाला। एही के धेयान में राखत आदेस जारी कइल गइल बा।

रउआ के बतावत चलीं कि, 31 मार्च से पहिले पैन के आधार से लिंक करा लेहल बहुते जरुरी होई। जदि अइसन नइखी करत तs 1 अप्रिल से पैन कवनो काम के ना रही। एकरा संगही पीएम वय वंदना योजना में निवेश करे के अंतिम मवको एही दिन बा। संगही अगर रउओ ITR फाइल करे के बा तो उहो 31 मार्च से पहिले कs लेवे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]