Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना के स्मार्ट थिएटर में सुत के लीं मूवी के मजा, एगो टिकट खातिर देवे के पड़ी एतना पईसा

477

पटना के स्मार्ट थिएटर में सुत के लीं मूवी के मजा, एगो टिकट खातिर देवे के पड़ी एतना पईसा

 

Smart Theater in Patna: राजधानी पटना के लोग खातिर एगो आउर खुशखबरी बा। राजधानी के फिलिम देखे के शौकिया लोग के ई खबर बहुते सुकून देवे वाला बा। पटना में एगो स्मार्ट थिएटर खुलल बा, जहां एगो शानदार सुविधा आवे आला लोग के मिली। थिएटर में आवे वाला लोग बईठला के संगही सूतियो के फिलिम देख सकी लो। बतावत चलीं कि बड़ शहरन में सिनेमा हॉल के दौर खत्म हो गइल बा। मल्टीप्लेक्स के जमाना आ गइल बा। पटना में स्मार्ट थिएटर शुरू भइल बा जहां सुतत आराम से मूवी के मजा लिहल जा सकी। आरामदेह कुर्सी के संगही सोफा आला कुर्सी के बेवस्था मवजूद बा। अब राजधानी के लोग बिना कवनो परेशानी के आराम फरमावत फिलिम देख सकी।

Smart Theater in Patna

पटना दिन-प्रतिदिन स्मार्ट बनत जा रहल बा। बिहार में बहुते सिनेमा हॉल बा बाकिर पटना आ आउर शहरन में मल्टीप्लेक्स के दौर शुरू हो गइल बा। पटना के संगही मुजफ्फरपुर, दरभंगा, गया आ भागलपुर शहर में मल्टीप्लेक्स खूब पसन कइल जा रहल बा आ इहां फिलिम देखल लोग के खूब भा रहल बा। अब पटना में फिलिम देखे ला स्मार्ट थिएटर के शुरुआत कइल गइल बा। कुरसी पs बईठत लेटत लोग फिलिम देख सकी। राजधानी पटना वासियन के सिनेप्लेक्स स्मार्ट थिएटर खूब अच्छा लाग रहल बा।

Smart Theater in Patna

इहां खुलल स्मार्ट थिएटर

बता दीं कि राजधानी के राजा बाजार फ्लाईओवर पिलर संख्या 29 के लगे स्मार्ट थिएटर शुरू भइल बा। इहां आवे आला लोग 3 घंटा  तक आराम से सूत के फिलिम देख सकत बा। स्मार्ट थिएटर में एगो टिकट खातिर रउआ 250-260 रुपिया भुगतान करे के होई। जवन लोग फिलिम देखे के ममिला में बहुते आगे बा ओइसन लोग के ई थिएटर खूब अच्छा लागत बा। जवना लोग के बईठेने में दिक्कत होत रहे ओइसन लोग खातिर ई कवनो सौगात से कम नइखे। एक संगे 50 लोग बईठके मूवी देख सकत बा।

साभार: बिहारी वॉइस

266480cookie-checkपटना के स्मार्ट थिएटर में सुत के लीं मूवी के मजा, एगो टिकट खातिर देवे के पड़ी एतना पईसा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.