Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘विपक्ष के एक करे के दिशा में डेग’: नीतीश-तेजस्वी के संगे बैठक पs बोललें राहुल, जानीं बाकी नेता लोग का कहले

मल्लिकार्जुन खरगे कहलें कि सब पार्टियन के एकजुट कइल आ एक होके आगे जवन चुनाव आई, ओह चुनाव में एकजुटता देखाके लड़े के हमनी के निर्णय भइल बा। हमनी सबे ओहि रस्ता पs काम करेम सs।

868

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव बुध के कांग्रेस नेता मल्लिकार्जुन खरगे से मिले उनका दिल्ली इस्थित निवास पs पहुंचल लो। कांग्रेस नेता राहुल गांधी एह दौरान खरगे के संगे मवजूद रहलें। सब नेता विपक्षी एकता के मुद्दा के लेके आपस में बैठक करत रहे लो। एह दौरान खाली तेजस्वी कुछ ना बोललें बाकी सब नेता आपन-आपन पक्ष रखल लो। सबे विपक्षी नेता एकजुट होखे पs सहमति दिहल लो। सूत्रन के मोताबिक, विपक्षी दल एह महीना के अंत में एगो आउर बैठक करी लो। एह दौरान खरगे आ नीतीश सब केहू से बात करी लो।

एकजुटता देखाके लड़े के बा: खरगे

मल्लिकार्जुन खरगे कहलें कि सब पार्टियन के एकजुट कइल आ एक होके आगे जवन चुनाव आई, ओह चुनाव में एकजुटता देखाके लड़े के हमनी के निर्णय भइल बा। हमनी सबे ओहि रस्ता पs काम करेम सs। तेजस्वी जी, नीतीश जी, सब हमनी के नेतागण जे इहां बइठल बा। हमनी के सब ओहि लाइन पs काम करीं।

गठबंधन के एकजुट करे के प्रयास: नीतीश 

ओहिजा, नीतीश कुमार कहलें कि गठबंधन के एकजुट करे के प्रयास कइल गइल बा। हमनी सभे साथे बइठेम आ चीजन के तय कइल गइल बा। हमनी लोगन के एह पs अंतिम तौर पs बात हो गइल बा। जेतना लोग हमनी के संगे सहमत होई, हमनी के ओहू लोग से बात करेम सs। साथ में बइठे तs दीं, हमनी लोगन के।

विपक्ष के नजरिया विकसित कइल जाई: राहुल  

एह मवका पs राहुल गांधी कहलें कि जवन नीतीश जी कहलें कि विपक्ष के एक करे में बहुत एतिहासिक डेग लिहल गइल बा। केतना विपक्षी पार्टियन के इकट्ठा करे के बा। ई एगो प्रक्रिया हs। विपक्ष के जवन कवनो नजरिया बा, ओकरा के हमनी के विकसित करेम सs आ जवन पार्टी विचारधारा के लड़ाई में संगे आवल चाहत बिया ओकरा के लेके चलल जाई। जवन संस्थानन पs आक्रमण हो रहल बा, देस पs आक्रमण हो रहल बा, ओकरा खिलाफ हमनी के लड़ेम सs।

गौर करे आला बात कि बिहार में राजद-जदयू आ कांग्रेस के गठबंधन बा। तीनो पार्टी एह महागठबंधन के अंतर्गत बिहार आ लोकसभा चुनाव में भाजपा के सामना करे के डेगन पs चरचा कs चुकल बाड़ी सs।

513540cookie-check‘विपक्ष के एक करे के दिशा में डेग’: नीतीश-तेजस्वी के संगे बैठक पs बोललें राहुल, जानीं बाकी नेता लोग का कहले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.